भोजपुरी गायिका प्रियंका सिंह अंक ज्योतिष का हिसाब से आपन नाम बदल के रितु प्रियंका रख लिहले बाड़ी. देश विदेश में दर्जनो मंचीय काम प्रस्तुत कर चुकल प्रियंका आवाज के मल्लिका हई. खनकत आवाज वाली एह गायिका के अबले दर्जन भर भोजपुरी अलबम निकल चुकल बा. दुअर्थी गीतन से परहेज करे वाली रितु प्रियंका सार्थक शब्द वाला गीत गावल पसन्द करेली. बनारस के रहे वाली प्रियंका भोजपुरी का अलावा हिन्दी, अंग्रेजी, आ तमिलो में गवले बाड़ी. अतने ना प्रियंका जतना बढ़िया गायिका हई ओतने बढ़िया मंचीय कलाकार.
रितु प्रियंका के अगिला अलबम टी सीरीज धमाका का साथ पेश करे जा रहल बा. शाम्भवी फिल्म्स खातिर अमन श्लोक का निर्देशन में प्यारेलाल यादव के लिखल गीत वाला एह अलबम के नाम राखल गइल बा “ले लऽ बहिया में ले लऽ”. एह अलबम के एक गाना खास कर के सुननिहारन के बहुते नीक लागत बा. रउरो सुनब “कई दिहले अइसन दिवाना पिया, इश्क के इंजन चला के पिया”.
प्रियंका हालही में दक्षिन अफ्रीका आ मारीशस का यात्रा पर गइल रही जहवाँ ऊ कई गो कार्यक्रम कइली आ अपना आवाज का जलवा पर ऊ रातेरात भोजपुरी के दुलारी गायिका बन गइली.
(स्रोत – उमेश सिंह चन्देल)
325 total views, 4 views today
tanu prayanka is new name for priyanka singh
प्रियंका जी के सुर के जबाब नइखे !
अंदाज एतना निराला बा कि ढेर लोग से सहात नइखे !!
ओ.पी अमृतांशु