भोजपुरी मेगास्टार आ चर्चित भोजपुरी गायक मनोज तिवारी के एगो नया भोजपुरी अलबम बाजार में धूम मचवले बा. एकर नाम हवे “होरी”. एह अलबम के खासियत ह कि एह में भगवान राम आ हनुमान के बीच खेलल फगुआ के बरनन बा कि कइसे हनुमान जी रंग ले के दउड़त बाड़न.
मनोज तिवारी बतवले कि अपना एह होली अलबम में हनुमान जी आ राम जी के बीच भइल फगुआ होली के प्रसंग छेड़ले बाड़न. सोचीं कि कतना नीक लागत होखी जब रामजी के राज्याभिषेक का बाद पहिलका फगुआ आइल होखी आ रंग से बचे ला हनुमान जी कूद के पेड़ पर चढ़ भागल होखीहें. एही बीच जब उनुका पता लागऽता कि उ अपना प्रिय राम के रंग लगा सकेलें त दउड़ पड़ल होखीहें भगवान राम के रंग लगावे ला.
अब एह अलबम के गीतन के पूरा आनन्द त वेब म्युजिक से जारी अलबम के सुनिए के मिल पाई. एह में मनोज तिवारी संगे गायिका सुरभि ओ के आवाज बा. वेब म्युजिक के कुमार गौतम के कहना बा कि एह होरी अलबम में सुने वालन के पसंद के पूरा धेयान राखल गइल बा.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिंहा)
0 Comments