रामाकान्त प्रसाद एगो नया रिकार्ड बनवलें

by | Dec 3, 2010 | 1 comment


भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता आ निर्देशक रामाकान्त प्रसाद अपना नयका फिलिम “दिलजले” से एगो नये रिकार्ड बनावे जा रहल बाड़े. एह फिलिम में तनी मनी ना कुल सोरह गो गाना डललें बाड़न रामाकान्त प्रसाद. अबले कवनो भोजपुरी फिल्म में अतना गाना नइखे रहल. एह रिकार्ड से रामाकान्त प्रसाद अपने पुरान रिकार्ड तूड़ दिहलें जवन ऊ फिल्म “दिवाना” में चौदह गो गाना डाल के बनवले रहलें.

रामाकान्त प्रसाद के कहना बा कि भोजपुरिया दर्शक गीत गवनई के शौकीन होलें आ एगो फिल्म निर्माता आ निर्देशक होखला का चलते ई उनकर जिम्मेदारी बनेला कि अपना दर्शकन के पसन्द के खयाल राखत ओह लोग के भरपूर मनोरंजन दे सकस.

“दिलजले” के शूटिंग आजु काल्हु मुंबई में हो रहल बा. फिल्म में दिनेश लाल यादव निरहुआ, विराज भट्ट, आ रानी चटर्जी के खास भूमिका बा. गीत अशोक कुमार दीप आ प्यारे लाल यादव के लिखल बाड़ी सँ. संगीतो अशोक कुमार दीपे के दिहल बा. गायक गायिका में उदित नारायण, निरहुआ, बिपिन सचदेवा, विजय लाल यादव, इन्दु सोनाली, खूशबू जैन, आ कल्पना के नाम शामिल बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

Loading

1 Comment

  1. RITESH RAJ

    HALLO SAR MAI BHOJPURI FILM ME KAM KARNA CHAHTA HU
    MY NO-8434487405

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up