महुआ टीवी के सबसे लोकप्रिय कार्यक्रम रहल सुर संग्राम के दुसरका दौर जल्दिये शुरु होखे जा रहल बा. अपना पहिला दौर में लोकप्रियता के कीर्तिमान बनावेवाला ई शो पढ़ल लिखल भोजपुरिया परिवारन में भोजपुरी का प्रति सम्मान बढ़ावे में बहुत काम के साबित भइल रहे. नया नया कलाकारन से भोजपुरी गीत के मिठास आ भोजपुरिया माटी के गंध से हर दर्शक श्रोता गहगह रहत रहले.

बतावल जा रहल बा कि सुरसंग्राम सीजन २ के सगरी तइयारी पूरा हो चुकल बा आ जल्दिये एकरा खातिर आडिशन के तारीख आ जगहा के एलान होखेवाला बा. अनुमान बा कि रियलिटी शो के जनक कहाये वाला गजेन्द्र सिंह आ उनका कंपनी साईं बाबा टेली फिल्म्स के बनावल एह शो खातिर आडिशन पटना, राँची, कोलकाता, गोरखपुर, बनारस, देवरिया, लखनऊ, नोएडा, दिल्ली, भोपाल, जालंधर, मुम्बई, गया, भागलपुर समेत करीब दू दर्जन शहर में करावल जाई. तारीख आ जगह के घोषणा जल्दिये होखे जा रहल बा. एहसे भोजपुरिया दिलन के आवाज बने के सपना सँजोएवाला हर गायिका गायिका तइयार हो जाव लोग आडिशन में शामिल होखे खातिर.

जइसन कि जानकारी मिल रहल बा ओहसे कहल जा सकेला कि मनोज तिवारी, मालिनी अवस्थी, आ कल्पना एहू दौर का सुर संग्राम में रही लोग. बाकिर के जज रही के एंकऱ अबही एकर खुलासा नइखे भइल. पिछला बेर आखिरी कुछ शो छोड़ के बाकी एपिसोडन के एंकर मनोज तिवारी रहलें.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Advertisements