उज्जैन में आयोजित विक्रम महोत्सव में मालिनी अवस्थी

by | Mar 25, 2010 | 0 comments

उज्जैन, 24 मार्च. कालिदास के नगरी, विद्वानन के सभा अउर मंच पर प्रसिद्ध लोकगायिका मालिनी अवस्थी. बनारस के पूरबी  गायिकी पेश करत खुद मालिनी अवस्थीओ विभोर हो उठली. शिव स्त्रोत से आरम्भ कइला का बाद मालिनी दादरा आ ठुमरी के जवन रंग देखवली कि सभागार बार बार ताली के आवाज में डूबत रहल.

उज्जैन में आयोजित विक्रम महोत्सव में अबकि बेर अलग प्रयोग कइल गइल. ‘नवसंवत्सर नव विचार’ नाम के कार्यक्रम नौ दिन तक लगातार चलल. एहमें महाराजा विक्रमादित्य के नवरत्नन का तरह गायिकीओ के नौ गो रतन बनावल गइल. समापन रामनवमी पर मालिनी के गायन से भइल. ऊ अन्तिम दिन के रतन रहली. महाकवि कालिदास का स्मृति में आयोजित ई  कार्यक्रम पंडित सूर्य नारायण व्यास संस्कृति स्कूल में भइल जहाँ संस्थान के अध्यक्ष योगेश शर्मा आयोजन के उद्देश्य बतवलन. फेर ओकरा बाद मालिनी शिव स्रोत से शुरु कर के  दादरा, ठुमरी, आ चैती के रंग देखवली. विलुप्त होत घाटो शैली के गीत सुनवली त श्रोता लोग ओकरा के खूब पसन्द कइल. हर गीत क साथे ओकर व्याख्या उनका गायन के अलगे ऊँचाई पर ले जात  रहे.

जबलपुर विश्वविद्यालय के कुलपति राम राजेश मिश्र अपना धन्यवाद उद्बोधन में कहलन  कि आंगिक आ वाचिक परम्परा पढ़ले त रहलन, देखलन सुनलन ओह दिन पहिला बेर. ऊ मालिनि अवस्थी के बार बार उज्जैन आवे के निहोरा कइलन.

मालिनी अवस्थी क साथे हारमोनियम पर धर्मनाथ मिश्र, तबला पर रत्नेश मिश्र आ सारंगी पर संगीत मिश्र संगत कइलें.  मालिनी अतना बड़ अउर सम्मानित कार्यक्रम में शामिल होखे के मौका मिलला के अपना खातिर गर्व के बात बतवली.

स्रोत : प्रशान्त निशान्त

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up