के बनी करोड़पति का हॉट सीट पर निरहुआ – पाखी

by | Jul 15, 2011 | 3 comments

महुआ टी0 वी0 पर प्रसारित हो रहल लोकप्रिय गेम शो के बनी करोड़पति के शुक, १५ जुलाई वाला एपिसोड में बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा के सामने हॉट सीट पर बतौर सेलिब्रेटी गेस्ट बइठे जा रहल बा भोजपुरी सिनेमा के हिट आ फिट जोड़ी निरहुआ आ पाखी के.

एपिसोड के शुरूआत शत्रुध्न सिन्हा सावन महीना के स्वागत से करीहें आ तब एपिसोड के गेस्ट भोजपुरी फिल्मन के सुपरस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के आमंत्रित करीहे. आ तब दिनेश लाल ‘‘पूरी दुनिया में कइले धमाल भोजपुरिया’’ गाना गावत स्टेज पर अइहे आ तब निरहुआ आ शत्रुघ्न सिन्हा दुनु जने मिल के पाखी के बोलइहे. हॉट सीट पर बइठल दिनेश आ पाखी साफ कर दीहें कि आजु ऊ लोग जवने इनाम जीती ओकरा के ‘‘राष्ट्रीय साहित्य कला संस्थान’’ के दे दीहें जवन संस्था गरीब बचवन खातिर काम करेले. दिनेश बतइहे कि ऊ गायक आ नायक दुनु हउवे काहे कि गायिकी के जवना विधा “बिरहा” में ऊ माहिर हउवें ओहमें अभिनय काफी मायने राखेला.

शत्रु जी का अनुरोध पर निरहुआ बिरहा के दू गो लाईन ‘‘मार हो जान मरकहवां कजरावां’’ गइहे. दिनेश बतइहे कि उनुकर जनम कलकता में भइल रहे आ ऊ करीब करीब हर साल कांवर ले के देवघर जाले. फेर दिनेशलाल अपना भाई प्रवेशलाल का साथे मिल के बाबाधाम का गीत ‘‘वेलकम कांवरिया देवघर में’’ गा के सुनइहे. फेर प्रवेश निरहुआ इंटरटेनमेन्ट के पारिवारिक फिल्म ‘‘औलाद’’ के किट शत्रु जी के उपहार में दीहें. शो का दौरान दिनेशलाल यादव अपना फिल्मी सफर के बारे में बतइहे त पाखी हेगडहू अपना जीवन के कुछ अनजान पल का बारे में बतइहे. शो का बीचे ई लोग फोन ए फ्रेंड में राजपाल यादव से बात करी. राजपाल आपन शुभकामना दीहे. एही दौरान महुआ मीडिया के बनावल बिदेसिया के बात निकली आ निरहुआ एह फिल्म के गाना ‘‘ऐ सजनी’’ गइहे.

दिनेश इहो बतइहे कि उनुकर नाम निरहुआ कइसे पड़ल आ ‘‘निरहुआ सटल रहे” वाला गाना गा के सुनइबो करीहे. एपिसोड के समापन फिल्म “औलाद” के गाना “ब्रिलिएन्ट लागऽतिया” पर परफारमेंस का साथे होई.

हमेशा का तरह एह खास एपिसोड के प्रसारण शुक १५ जुलाई के रात नौ बजे से होई.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

3 Comments

  1. चंदन कुमार मिश्र

    माने ईहो कार्यक्रम गोबरछाप बड़ले बा। ई सब कार्यक्रम जुआ के एगो नाया रूप है आ एमें अधिकांश लोग ऊहे जाता जे जानल-मानल होखे। असलियत त ई बा कि एमें से शायदे कवनो आदमी अइसन बा जवना के सम्मान मिले के चाहीं। ई सब कार्यक्रम के बद्न कर देवे के चाहीं। सारा बदतमीज आ देशद्रोही किस्म के आदमी एमें लागल रहतारें।

  2. Vijay Kumar

    ka koi batai ki kbk me entry kaise hola…tab jake garib log je bhut talented bate u participate kari……..tab bihar ke nam aaur chamki..

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up