एह हफ्ता शुक का दिने “के बनी करोड़पति” के देखावल जाये वाला एपिसोड में खास मेहमान रहीहें मशहूर लोक गायिका मालिनी अवस्थी. शो में उनुकर इंट्री होखी सईंया मिले लड़िकईयाँ मैं क्या करूं गीत का साथे. मालिनी जी बतइहें कि ऊ शत्रुजी के बड़हन फैन हई त शत्रुजी कहीहें कि ऊ मालिनी जी के एयर कंडीशनर हउवे. मालिनी जी अपना गुरु के आशीर्वाद लिहल चहीहें त शत्रु जी गिरिजा देवी के आमंत्रित करीहें. फेर दुनु लोग मिल के “सोन चिरईया” आ “उम्मीद” संस्था खातिर खेली.
एगो सवाल का जबाब में मालिनी फोन ए फ्रेंड में पद्मश्री शारदा सिन्हा के फोन करवइहें. फोन लगला पर शारदा सिन्हा शत्रुघ्न सिन्हा से खामोश बोले के कहीहें. शत्रुघ्न सिन्हा का कहला पर मालिनी अवस्थी पहिले त “जहाँ पंच वहाँ परमेशवर” आ फेर बाद में ननद के एगो गाना गइहे.
महुआ टीवी पर एह शो के प्रसारण शुक का दिने रात नौ बजे से होई. वइसे “के बनी करोड़पति” सोमार से शुक ले रोजाना रात नौ बजे से देखावल जाला.
(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)
HAMKE BAHUTE AFSOS BA KI HUM FRIDAY KE DIN KE BANI CROREPATI NA DEKH PAILI. LEKIN ANJORIYA PAR SABKUCH JAAN GAILI.
HUM EGO BARAAT ME CHAL GAILI WOHI KARAN HUN E PROGRAM NA DEKH PAILI.
AGILA BER GOVINDA JI KE PROGRAM JARUR DEKHAB.
MAHUAA PAR AGO NAYA SIRIAL AWAT BA “BHAGWAN HO…” E KAISAN PROGRAM BA. KA E COMEDY SIRIAL BA. AGAR E COMEDY HOKHI TA MAZA AA JAAI.
THANK YOU ANJORIYA.
बढ़िया। मालिनीजी के देखे के मिली। अच्छा लागी।
पर…ना..कुछ ना…सादर।।
SHATRUDHAN SINHA IS BEST.
BAKI SAB “KHAMOSH”
KE BANI CROREPATI MAHUAA KE SABSE BEST PROGRAM HAI.
THANK YOU MAHUAA AND BIHARI BABU.