चार गो भोजपुरिया दिग्गज शामिल बाड़े सुर-संग्राम-२ में

by | Aug 2, 2010 | 1 comment

भोजपुरी दर्शकन के पसंदीदा चैनल महुआ टीवी पर छह अगस्त से शुरु होखे जा रहल बा सभकर पसंदीदा रियलिटी म्युजिकल शो सुर-संग्राम-२. आ अबकी एकरा मंच पर एगो ना, दू गो ना, पूरा चार गो भोजपुरिया महारथी आपन जलवा देखावत भोजपुरिया गायन के दोसरा नायक का खोज के जिम्मेदारी उठावे में शामिल होखीहे.

सुर-संग्राम-२ के एंकर रहीहें मनोज तिवारी जे अपना खास शैली में कइल एंकरिंग से पिछला सुर संग्राम के लोकप्रियता का बुलन्दी पर चहुँपा दिहले रहले. अबकियो ऊ अपना खास अंदाज आ गायकी से सभकर मनोरंजन करत एह जिम्मेवारी के पालन करीहे. निर्णायक का कुरसी पर उहे पुरनका दुनु जज अबकियो बाड़ी, लोक गायिका मालिनी अवस्थी आ भोजपुरी गायकी के रॉक स्टार कल्पना.

सुर-संग्राम-२ में नया बात ई जोड़ल गइल बा कि अबकी प्रतिभागियन के गायन का साथ साथ ओह लोग के व्यक्तित्वो के परख कइल जाई आ एह महती जिम्मेदारी के बार उठावे जा रहल बाड़न हिन्दी सिनेमा, आ भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रवि किशन. रविकिशन के जिम्मेदारी मिलल बा प्रतिभागियन के प्रस्तुति, अंदाज, चाल ढाल, आ व्यक्तित्व के आकलन करे के.

अब ई तीनो जज मिल के बिहार आ यूपी के टीम खातिर बारह बारह गो प्रतिभागी चुनीहें जवना में से केहू एक के मिली सुर-संग्राम-२ के नंबर वन के ताज.

कार्यक्रम शुक आ शनिचर के रात आठ बजे से शुरु होखी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

1 Comment

  1. Rudra pratap mishra

    Kash apne bhojpuri kala se aslilta ke ajgar ko khatm kar dene wale sankalpit logo ka bhi ek manch sur sangram ki tarah hota.kash kalakaar apne purkho ki anmol dharohar ko bachane ke liye apni kala ka prayog karte to kitna achha hota.kash aj k shirshadhin log yah samajh pate ki jis bhasa ki sewa kar use vishva bhar me uchhal dene ki baat kehte hai we un logo ki kaun si sewa kar paye jin logo se is bhasa ka astitva hai.we aj bhi ashikshit ,bhramit aur heya bane hue hai,is ashiksha se mukti kab milegi.basha ka is tarah ekangi vikas thik nahi.abdul hamid aur vir kunwar ki parampara jane kab uthegi par jagegi jarur.jarur

Leave a Reply to Rudra pratap mishra

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up