ददरी मेला के समापन पर भोजपुरी गायकी के जलवा

by | Nov 27, 2014 | 0 comments

भोजपुरी गायकी के पितामह कहाए वाला वीरेन्द्र सिंह 'धुरान' के ददरी मेला में ददरी महोत्सव के मंच पर सम्मानित कइल गइल.

भोजपुरी गायकी के पितामह कहाए वाला वीरेन्द्र सिंह ‘धुरान’ के ददरी मेला में ददरी महोत्सव के मंच पर सम्मानित कइल गइल.


मंगल का साँझ बलिया के ददरी मेला के समापन का मौका पर मेला के भारतेन्दु कला मंच पर ‘ददरी महोत्सव’ में भोजपुरी गायकी के जलवा रहल. साँझ से शुरू भइल कार्यक्रम बुध का भोर में बन्द हो सकल. आ तबहियो सुनेवालन के जुटान बनले रहुवे. केहू हटे के नाम ना लेत रहुवे. आ एह गायकी के खासियत रहल कि एह दौरान कवनो दुअर्थी गाना भा बोल सुने के ना मिलल. सगरी गायक गायिका फूहड़ता से परहेज कइलन आ उमेद जागल कि भोजपुरी गायकी के लोकप्रियता फूहड़पन का चलते नइखे आ नीमनो गाना सुने वाला लोग भरपूर मौजूद बाड़े.

मंच के शोभा बढ़ावत मशहूर भोजपुरी गायक गोपाल राय

मंच के शोभा बढ़ावत मशहूर भोजपुरी गायक गोपाल राय

कार्यक्रम के शुरुआत राकेश मिश्रा के देवी गीत ‘देवलोक से चलली भवानी नू हो / देवता बनले कहार’ से भइल. मंच के शोभा बलिया के मशहूर भोजपुरी गायक गोपाल राय बीच बीच में बढ़ावत रहले. अपना गायकी के जलवा बिखेरे वालन में शामिल रहले राजेश पाण्डेय, संजोली पाण्डेय, सुनीता पाठक, आ महुआ टीवी के सुरसंग्राम के फाइनल के तीनो प्रतिभागी – यूपी से वीरेन्द्र भारती, बिहार से विकास तिवारी, आ झारखंड से शालिनी दूबे.

कार्यक्रम के आनन्द तब अउर बढ़ गइल जब भोजपुरी गायकी के पितामह कहाए वाला डीरेन्द्र सिंह ‘धुरान’ के मंच पर सम्मानित कइल गइल. नब्बे साल के ई पुरनिया गायक आपन गीतो सुनवलन जवना पर पूरा समारोह ताली के गड़गड़ाहट से गूंज उठल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up