नहले पे दहला में बप्पी लाहिरी

by | Apr 8, 2011 | 1 comment

महुआ टीवी के गीतगवनई वाला रियलिटी शो “नहले पे दहला” में अबकी शनिचर बप्पी लाहिरी के धमाल रही. शो के शुरुआत बप्पी लाहिरी “याद आ रहा है तेरा प्यार” से करीहें. लड़का प्रतिभागी पूंछ लगा के अइहें काहे कि पिछला बेर लड़िकियन से इहे सजाय मिलल बा ओह लोग के. एह चलते सब जने लजात सकुचात मंच पर अइहे आ शुरु होखी परफारमेंस के दौर. आकाश के गाना “आई एम ए डिस्को डांसर” पर सगरी जज खड़ा होके ताली बजइहें आ बप्पी दा अपना लगे बोला के आशीर्वाद दीहें. आर्यनन्दिनी गइहें “लैला मैं लैला” जवना के संगीत सुन के बप्पी दा संगीतकारन के बधाई दीहें कि बुझाइल जइसे ओरिजिनल सुनत बानी. विकास के गावल “सारा जमाना हसीनो का दिवाना” सुन के बप्पी दा के कहना रही कि आजु ना अइतीं त बहुते कुछ मिस कइले रहतीं. लाडो के “आजकी रात होना है क्या” सुनला का बाद बप्पी दा उहे गाना लाडो का साथ गइहें. मनोज तिवारी तब बप्पी दा के एगो भोजपुरी डिस्को सुनइहें आ पवन सिंह का साथे “लॉलीपॉप” आ “बगलवाली जान मारेली” गइहे. प्रियांशी के गाना रही “झूम झूम झूम बाबा” जवना पर पवन सिंह आ सब लोग मंच पर आ के प्रियांशी का साथे गाई लोग. एह शनिचर के एपिसोड का बाद पता चली कि लड़िकी भारी पड़ली सँ. बप्पी दा के गाना “कोई यहाँ नाचें नाचें” से एपिसोड के समापन होखी.

एह एपिसोड के प्रसारण शनिचर के रात आठ बजे से महुआ टीवी पर होखल करेला.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

Loading

1 Comment

  1. kamal mishra

    Pawan bhaiya sab se aacha jaj bani.
    Hamar mobile numbar:8002263521

Leave a Reply to kamal mishra

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up