भोजपुरी गायिका कल्पना के मिलल चार गो नामांकन

by | Mar 4, 2011 | 3 comments


देश के मशहूर संगीत सम्मान समारोह “बिग आई एम ए स्टार अवार्ड” में लोक संगीत के चार गो शीर्ष में भोजपुरी गायिका कल्पना के म्यूजिक अलबम “आगे बिलईया पीछे छठि मईया” के नामांकन मिलल बा. रिलायंस आयोजित एह समारोह के जूरी में जावेद अख्तर जइसन शख्सियत शामिल बाड़े आ अतना प्रतिष्ठित पुरस्कार समारोह में नामांकित होखला पर कवनो गायक गायिका खुशी से झूम उठी. इहो पहिलके बेर भइल बा कि एह संगीत पुरस्कार खातिर कवनो भोजपुरी अलबम के नामांकित कइल गइल बा. भोजपुरी के लोकप्रिय गायिका हिन्दी फिल्मनो में गावेली. हालही में अक्षय कुमार के “खट्टा मीठा” आ अजय देवगन के “आक्रोश” फिल्म खातिर कल्पना के गावल गीत खूब लोकप्रिय भइल बाड़ी सँ. पुरस्कार समारोह मुंबई में एही ११ मार्च के होखे जा रहल बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Loading

3 Comments

  1. manoj singh

    this is good news for bhojpuri world

  2. haridavar yadav

    dear our bhojpuri faimaly hamre taraf se sabke ram ram

  3. omprakash amritanshu

    ई त कल्पना जी के विरोध करेवाला लोगन खातिर बड़ी शुभ समाचार बा . असम के कोईलिया भोजपुरी संगीत के डाल-डाल पे फुदुकत बिया .आ अपन मीठी -मीठी सुर के तान दुनिया भर के लोगन के कान में भरत बिया . भोजपुरी संगीत के शिखर तक पहुँचावे में कल्पना के बहुत बड़हन योगदान बा .
    धन्यवाद !
    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up