अब हम कइसे चलीं डगरिया
हम त खेलत रहनी अम्मा जी के गोदिया
करि गइले तबहि बिआह रे बिदेसिया
छव रे महिना कहि के गइले कलकतवा
बीत गइल बारह बरीस रे बिदेसिया
अब त लागल मोरा सोरहवाँ साल
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चलीं डगरिया
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चलीं डगरिया
लोगवा नजर लगावेला
पूरब देस गइल मोरि सईंया
बईठ गईल मोरि सईँया
पूरब देस गइल मोरि सईंया
बईठ गईल मोरि सईँया
हो रैन अन्हरिया टिप टिप बरसे
रिस रिस जिया रिसाय
घर घर सब बतियावेला
अब हम कइसे सहीं नजरिया
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चलीं डगरिया
लोगवा नजर लगावेला.
बाग बगइचा महुआ फूले
अमवा जब मोजराय
बाग बगइचा महुआ फूले
अमवा जब मोजराय
हो पापी पपीहा बोलिया मारे
जियरा मोरा जराय
मन मोरा डुबत जाला ना
देहिया जइसे चढ़े उमरिया
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चली डगरिया
लोगवा नजर लगावेला
पूरब देस गइल मोरि सईंया
बईठ गईल मोरि सईँया
पूरब देस गइल मोरि सईंया
बईठ गईल मोरि सईँया
हो रैन अन्हरिया टिप टिप बरसे
रिस रिस जिया रिसाय
घर घर सब बतियावेला
अब हम कइसे सहीं नजरिया
लोगवा नजर लगावेला
अब हम कइसे चलीं डगरिया
लोगवा नजर लगावेला.
अँजोरिया पर पहिले से मौजूद दोसर गीत
- मोरे करेजवा में पीर
- लुक छिप बदरा में चमके जइसे चनवा़
- करीला छठ बरतिया हो केकरा ला
- शिवजी बिहाने (बिआहने/बिआह करने) चले
- बरबाद कजरवा हो गइलें
- होली गीत – अँखिया भइली लाल, रात भर जगवलऽ ए बलमुआ
- होली गीत – छुट्टी दे दीं, घरे जाइब. बीबी पर बा खतरा.
- मुहम्मद रफी के गावल भोजपुरी गीत सोनवा के पिंजरा में
- लागी नाहीं छूटे रामा फिलिम के गीत – जा जा रे सुगना जा रे
- बिदेसिया फिलिम के गीत – बनि जइहों बन कै जोगिनिया हो रामा
- बिदेसिया फिलिम के गीत – बनवारी हो हमरा के बलमा गँवार
- बिदेसिया फिलिम के गीत – हँसि हँसि पनवा खियवले बेइमनवा
- गंगा किनारे मोरा गाँव फिलिम के गीत – दुलहा धीरे धीरे चलऽ
- गोरकी पतरकी रे
- देवरा कटले बावे गाल…
- सुनीं एगो होली के जोगीरा…
- कल्पना के आवाज में – प्यार के रोग भइल
- शारदा सिन्हा के आवाज में विवाह गीत
- मदन राय आ साथियन का आवाज में फेंकि दिहले थरिया बलम गइले झरिया
- दिनेश लाल निरहुआ आ खूशबू राज का आवाज में हमके बनारस घूमाई दऽ
- कल्पना के आवाज में आरा हिले छपरा हिले
- मनोज तिवारी आ साथियन का आवाज में अन्ताक्षरी