म्यूजिक विडियो “जवानी के जंक्शन” के शूटिंग पूरा

JawaniKeJunction
बिन्दु फ़िल्म एण्ड म्यूजिक के बैनर में बनत म्यूजिक विडियो “जवानी के जंक्शन” के शूटिंग दिनेश चन्द्र मिश्रा के निर्देशन में मुम्बई के लोकेशनन प पूरा करा लीहल गइल बा.

निर्माता बादल शेख आ राज कुमार प्रजापति, सहनिर्माता डी सी तिवारी, कार्यकारी निर्माता मनीष सोनालकर, गीतकार अउर संगीतकार रमेश राज, छायाकार प्रदीप शर्मा, आ नृत्य निर्देशक संतोष सर्वदर्शी हउवें.

मुख्य कलाकारन में आनन्द देव मिश्रा, श्री कनकनी, नन्द श्री, मोहिनी यादव, रानी यादव, शोभा पाण्डेय, अरुण शर्मा, महेश भारद्वाज, मंजीत कुमार, राजेश भास्कर आ गोविन्द पाल शामिल बाड़ें.

एकरा बाद बिन्दु फ़िल्म एण्ड म्यूजिक एगो भोजपुरी फ़िलिम “काशी एक्सप्रेस” बनावे के योजना बनावत बिया जवना के शूटिंग जल्दिए करावल जाई.


(रामचंद्र यादव)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up