रमौलवाली में प्रतिभा सिंह गवली, अभिनयो करीहें

by | Jun 2, 2010 | 0 comments

नया सवेरा इंटरटेनमेंट के भोजपुरी फ़िल्म रमौलवाली खातिर दू गो गाना के रिकार्डिंग १ जून के पटना के प्रियम डिजिटल साउण्ड स्टुडियो में प्रतिभा सिंह का आवाज में कइल गइल. संगीतकार सन्नी हउवें. फिल्म के गाना प्रतिभा सिंह का अलावे विनोद राठौड़, सर्वजीत सिंह, सावन सांवरे आ अमर आनंद गइहें लोग. गीतकार बीएन पटेल आ मिथिलेश सुमन हउवें. फिल्म के निर्देशक बाड़न संजीव टोनी जे एहसे पहिले हिन्दी फिल्म रस्मों की जंजीर आ भोजपुरी फिल्म बलमा बेदर्दी, लाल चुनरिया वाली वगैरह के निर्देशन कर चुकल बाड़न.

Pratibha Singh, Bhojpuri singer and actress

बलिया के प्रतिभा सिंह आजुकाल्हु कोलकाता में रहेली आ गायन का स्टेज शो का साथ साथ फिल्मों में अभिनय कर रहल बाड़ी. भाई होखे त भरत नियन, बहिनो तोहरे खातिर वगैरह फिल्म उनका खाता में बाड़ी सं. कुछ फिल्मन खातिर ऊ गानो गवले बाड़ी. रमौलवाली फिल्म में प्रतिभा सिंह गायन का साथ अभिनयो करीहें. बाकी कलाकारन में विजय खरे, ललितेश झा वगैरह शामिल बाड़े. फिल्म के नायक-नायिका नेपाल के हवे लोग आ एकर शूटिंगो नेपाल का जनकपुर में होखी, जवन जुलाई में शुरू हो रहल बा.

संजीव टोनी नीतीश सरकार का उपलब्धियनो पर एगो वृत चित्र के निर्देशन कर रहल बाड़े. एह डाकुमेंटरी के नाम बदल दीहब बिहार रखाइल बा आ एकर मुहूरत 31 मई के पटना के रिपब्लिक होटल में करावल गइल. फिल्म 45 मिनट के होखी आ एहमें आठ गो गीत रही आ गीतने का माध्यम से नीतीश सरकार के उपलब्धियनके बखान कइल जाई. ई फिल्म 20 जून के रिलीज होखी. एह डाकुमेंटरी के निर्माण दास एंड संस फिल्म्स कर रहल बा.


(स्रोत : प्रतिभा सिंह )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up