राकेश श्रीवास्तव शानदार एकरिंग खातिर सम्मानित भइलें

by | May 22, 2010 | 0 comments

गोरखपुर शहर के टीवी चैनल यश टीवी पर चल रहल कार्यक्रम भोजपुरी जलवा के शानदार एंकरिंग करे खातिर लोकगायक राकेश श्रीवास्तव के पिछला दिने एगो समारोह में विशेष सम्मान से सम्मानित कइल गइल. कार्यक्रम के उद्देश्य भोजपुरी के संस्कृति आ परम्परा के बचाव आ बढ़न्ती बा.

समारोह के मुख्य अतिथि गोरखपुर के नगर विधायक डा॰राधामोहन अग्रवाल रहलें. खास मेहमान का रुप में अपर जिलाधिकारी नगर अखिलेश तिवारी रहलें. दुनु जने राकेश के भरपूर बराई कइलें आ उनका आगा बढ़त जाये के शुभकामना दिहलें.

भोजपुरी जलवा के ३१ गो एपिसोड प्रसारित कइल गइल जवना में ६४ गो प्रतिभागी शामिल भइलें. शो का फाइनल में कुमारी भावना श्रीवास्तव विजेता भइली जबकि दुसरा जगहा पर साक्षी श्रीवास्तव रहली. तीसरका स्थान सत्यप्रकाश मजनू के मिलल जबकि अच्छेलाल चौथा जगहा पर रहलें. फाइन राउण्ड के निर्णायक मण्डल में भोजपुरी गायिका श्रीमती मैनावती देवी आ डा॰ शरद मणि त्रिपाठी रहन लोग. संगीत खातिर मो॰शकील, अरमान, आ कमल श्रीवास्तव संगत दिहल लोग.

समारोह का अन्त में यश टीवी के निर्देशक मनोज कुमार श्रीवास्तव सबका के धन्यवाद दिहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up