रामायन शैली के असाधारण ब्यास गायत्री ठाकुर अब नइखन

by | Mar 10, 2014 | 1 comment

Gayatri-Thakur-2भोजपुरी संगीत के एगो बहुत बड़ पुरोधा चलि गइल, बिसवास नइखे होत बाकिर ई साँच बा. रामायन शैली के अपना समय के सबसे बड़ आ स्थापित गायक ब्यास गायत्री ठाकुर अब नइखन.

ठाकुरजी खाली गायके ना रहीं बलुक आसु गीतकारो रहीं. रामायन,महाभारत आ पुरानन के कहानी त रउँवा जहें से पूछि लीं,जिभिए प रही,किताब देखला के जरूरत ना परी.जइसे उहाँका साधि लेले होखीं. उहाँ का गइला से खाली संगीते के ना बलुक साहित्य आ संस्कृतियो के एगो कोना अधूरा रहि गइल. शैली लोकगीत के, बाकिर सामग्री भारतीय संस्कृति के. आजु कतने लोग अश्लीलता का खिलाफ झंडा लेके चल रहल बा आ मीडिया में बनल रहे खातिर ओकरा के एगो नीमन मुद्दा बना लेले बा, बाकिर गायत्री ठाकुर जी अंत तक अपना संस्कृति के रक्षा खातिर उतजोग करत रहि गइलीं आ भोजपुरी संगीत के प्रचार-प्रसार का सङही ओकर सुरक्षो करत रहलीं.

केहू जब ठाकुरजी के परिचय दिहल चाही त मुहाबरा बनि गइल उहाँ के एगो सबसे पुरान आ सबसे प्रसिद्ध भजन के जिक्र जरूर करी आ तब अपने आप उहाँ के स्मरन हो आई-
गावेले दास गइतिरी, खींच के तीन गो चिचिरी
करुनानिधान रउँआ,जगत के दाता हईं.
के बा समान रउँआ,जगत के दाता हईं.

गायकी से उहाँ के कतना लगाव रहे, अतने से जानल जा सकता कि फेफड़ा के आपरेशन भइला का बादो जब उहाँ पर संगीत के रंग चढ़ि जाई त केहू के रोकले रुकेवाला ना रहीं.बिहार के बक्सर (पुरनका आरा) जिला में जनमल भोजपुरी के ई सपूत सत्तर बरिस का उमिरि में चार मार्च के हमनी से बिदा हो गइल हमेशा हमेशा खातिर. हम लोर भरल अँखियन से श्रद्धांजलि देत ईहे कहबि कि कुछ दिन अउर ठहर गइल रहितीं.अतना जल्दी काहें कइलीं, हम कई बरिस से रउरा ले मिलेके चाहत रहलीं.

-रामरक्षा मिश्र विमल

 

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत दुःख भइल सुनके कि रामायण के अदभुत गवइया गायत्री ठाकुर जी हमनी के छोड़ के चल गइलीं। इनकर कला आत्मा के शत-शत नमन।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up