संगीत कंपनी वेव म्यूजिक अबकी का होली में भोजपुरी संगीत प्रेमियन के पूरा से सराबोर करे का तइयारी में अबहिए से लाग गइल बिया. वेव म्यूजिक एह साल एक सौ होली एलबम बाजार में उतारे के योजना बनवले बिया.
कंपनी का लगे सगरी बड़का भोजपुरी गायकन के उतारे के योजना बा. एह एलबमन में नायक आ नायिका लोगन के जलवा देखे के मिली.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)