Vaishnavi-at-varanasiभोजपुरी के शेक्सपियर कहाए वाला भिखारी ठाकुर के जन्मदिन पर वाराणसी में आयोजित समारोह में भोजपुरी कलाकार वैष्णवी के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित कइल गइल. इनका साथही चार लोग अउर के ई सम्मान मिलल. सम्मानित होखे वालन में प्रो. अनिल कुमार उपाध्याय, डा. सुमन सिंह, शिवनाथ मिश्र आ श्रीनाथ त्रिपाठी रहलन.
एह मौका पर संबोधन देत महात्मा गाँधी काशी विद्यापीठ आ रांची विश्वविद्यालय के कुलपति रह चुकल प्रो. एसएम कुशवाहा कहनी कि भिखारी ठाकुर ओह विरला मनईयन में शामिल रहलन जे जियते जिनिगी में विभूति बन जाला आ सबले खास बात ई रहल कि भिखारी ठाकुर ई काम कवनो रुपहला परदा पर ना कइलन बलुक असल जिनिगी में कइलन.
भिखारी ठाकुर के 128वीं जयन्ती समारोह व‌ाराणसी के मलदहिया में सिंह भवन में विश्व भोजपुरी सम्मेलन का तरफ से आयोजित कइल गइल रहुवे.
एह मौका पर बोलत काशी विद्यापीठ के पत्रकारिता विभाग के अध्यक्ष प्रो. अनिल कुमार उपाध्याय कहलन कि उनुका विभाग में भोजपुरी के एगो विषय का रूप में पढ़ावल जाई.
कार्यक्रम के संयोजक डा. अशोक सिंह कहलन कि भोजपुरी महज भाषा ना होके एगो समहर संस्कार ह. एकरा में माटी के सोन्हापन बा, मिठास बा, सुगन्ध बा.
आयोजन में वक्ता का रूप में ओपी चौबे, डा. राम सुधार सिंह आ अपूर्व नारायण तिवारी शामिल रहले.
एह मौका पर वैष्णवी के नृत्य प्रस्तुति के सभे सराहल आ कुछ आयोजक उनुका के अपना स्टेज शो आ नया साल का मौका पर होखे वाला कार्यक्रम में शामिल करे में रुचि देखवलन. गायक अभिनेता गोपाल सिंह आ जितेन्द्र सिंह के गवनई लोग के मन मोह लिहलसि.

Loading

By Editor

%d bloggers like this: