यू ट्यूब पर 13 करोड़ 5 लाख 67 हजार बार से अधिका बेर देखल गइल एह फिल्मी वीडियो के 70 हजार लोग नापसन्द कइले बा. बाकिर एही गाना के 2 लाख 42 हजार लोग पसन्दो कइले बा. भोजपुरी गीत गवनई का बारे में एकरा के महज एगो उदाहरण का रुप में देखीं त भोजपुरी गवनई के लोकप्रियता लाजवाब आ एही चलते उहो लोग भोजपुरी सिनेमा बनावे में लागल बा जिनका भोजपुरी के इचिको ज्ञान नइखे. काहे कि ओह लोग के बस पइसा कमाए के बा, जवने से भेंटाव. आ कुछ लोग के नापसन्दगी का जवाब में अगर ओह से तिगुना लोग पसन्द करत होखे त ई एगो बढ़िया बिजनेस मानले जाई, जेकरा शिकायत होखे से करत रहो.
हालांकि अगर भोजपुरी के तथाकथित अश्लीलता भा फूहड़पन के विरोध करे वाला लोग अगर अपना उर्जा के इस्तेमाल भोजपुरी में साफ सुथरा कलात्मक फिलिम बनावे, गीत गवनई के वीडियो बनवावे में लगाइत त ओहू लोग के फायदा रहीत आ भोजपुरिओ के कल्याण हो सकत रहुवे. बाकिर सिरजे में मेहनत लागेला, ओकरा के बढ़ावे में धन लागेला. जबकि कवनो बात के आलोचना करे में कुछ लगबो ना करे आ प्रचार फोकट में भेंटा जाला.
भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट बना के आ ओकरा के आजु ले चलावत जाए में कतना मेहनत करे के पड़ेला, कतना धन खरचा होखत बा एहसे केहू के मतलब ना रहे. मतलब रहेला कि हम कल्पना के, भोजपुरी सिनेमा के कूड़ा कबाड़ो के प्रचार करेनी. हम जानल चाहब कि भोजपुरी के कवन संस्था, कवन पत्र पत्रिका अइसन बा जवना के हम बढ़ावा ना देनी. आ इहो जानल चाहब कि कतना भोजपुरी संस्था बाड़ी सँ जे अँजोरिया आ अउरिओ वेबसाइटन से संपर्क करेला अपना संस्था के गतिविधि बतावे बढ़ावे ला. भोजपुरी ला अभियान चलावे वाला लोग सही मायने में भोजपुरी के कतना इस्तेमाल करेला आ ओकरा के कतना मान देबेला. अधिकतर लोग त एक पन्ना के आपन प्रेस विज्ञप्तिओ हिन्दी में लिख भेजेला. ओकरो के भोजपुरी अनुवाद करे के फुरसत ना रहे भा कहीं कि जरुरत ना बुझाव.
अब चलीं आ एह गाना के सुनी आ ओकरा बाद आपन टिप्पणी लिख मारीं.
यू ट्यूब पर ई गाना 8 मई 2016 के डालल गइल रहे. गाना पर डान्स काजल राघवानी आ पवन सिंह के बा. आवाज पवन सिंह आ प्रियंका सिंह के ह. गीतकार हउवें आजाद सिंह आ संगीत दिहले बाड़ें मधुकर आनन्द.
वसुन्धरा मोशन पिक्चर्स का बैनर में बनल एह फिलिम – भोजपुरिया राजा – के निर्माता सुधीर सिंह, सह निर्माता संदीप सिंह आ निर्देशत सुजीत कुमार सिंह हउवें. नृत्य संयोजन रामदेवन के कइल ह.
वर्ल्डवाइड रिकॉर्ड्स आ आदि शक्ति एकर आडियो वीडियो जारी कइले बाड़ें.
291 total views, 1 views today