ChaaGaram
भारत के लोकप्रिय भोजपुरी चैनल “अंजन टीवी” अब हमनी ला भोर का बेरा ले के आइल बा “चाह गरम”.
देवरानी आ जेठानी एह शो के मेजबानी करत बाड़ी. एह लोग के नोंक झोंक आ हंसी ठिठोली के बीच भोजपुरी के संगीत लहरी गूंजल करी. हरेक एपिसोड में एगो लोकप्रिय गायक से बातचीत होखी आ उनकर गीत सुने के मिलल करी.

एकरा अलावे एह मनोरंजन पैकेट मे अउरिओ बहुत कुछ रही. जइसे कि योगमुद्रा, मंदिर दर्शन, राशिफल वगैरह.

त चलीं तइयार हो जाईं फजीरे फजीरे एह मजेदार कार्यक्रम के आनंद लेबे ला.

कार्यक्रम के प्रसारण १३ जनवरी से सोमार, मंगल आ बुध का दिने सबेरे ७ बज के ४० मिनट से होखल करी.


(अंजन टीवी)

Advertisements