पिछला दिने वंदे मातरम फाउण्डेशन आ भोजपुरिया झलक पत्रिका के सौजन्य से पटना में कंचन रत्न सम्मान 2013 के आयोजन भइल जवना में खास क के अभिनेत्री रूपा सिंह के अभिनय क्षेत्र में विशेष योगदान ला कंचन रत्न सम्मान दीहल गइल.
रूपा सिंह के इ सम्मान बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष चन्द्रभुषण राय आ अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी समाज के अध्यक्ष भाईजी भोजपुरिया के हाथो शाल आ मोमेन्टो साथे दिहल गइल. एह मौका पर बिहार हिन्दी साहित्य सम्मेलन के अध्यक्ष अनिल सुलभ आ संस्था के अध्यक्ष राजन कुमार सिन्हा, रविन्द्र जी वगैरह लोग मौजूद रहल.
जान जाईं कि रूपा सिंह आजुकाल्हु पुरबईया चैनल पर भिखारी ठाकुर के कहानी पर बनल धारावाहिक “नाच पार्टी” में अझुराइल बाड़ी.
(कुन्दन राज)
272 total views, 4 views today