महुआ टीवी पर देखावल जा रहल गेमशो ‘‘के बनी करोड़पति’’ के पहिलका करोड़पति बन गइल बाड़े कुशीनगर (उत्तर प्रदेश) के राजेश सिंह. 34 बरीस के राजेश सिंह पेशा से फाइनेंस मैनेजर हउवन आ अहमदाबाद (गुजरात) में रहेले. एह सोमार से खेलत राजेश सिंह मंगल का एपिसोड में पचास लाख तक पहुँचीहें आ काल्हु बुध का दिने प्रसारित होखे वाला एपिसोड में एक करोड़ के सवाल का जवाब दे के ‘के बनी करोड़पति’ के पहिलका करोड़पति बन जइहे.
सत्तर हजार से बेसी किताब पढ़ चुकल राजेश सिंह 17 गो ब्लॉग खातिर लिखेलें. भौतिकी से बी. एस. सी. राजेश के फिल्म आ टीवी देखे के शौक बा. एगो बेटा आ एगो बेटी के बाप राजेश के क्रिकेट खेलल बहुते पसंद ह आ एक बेर गाँव के क्रिकेट टीम के कप्तानी करत मैच जीतके इनामो पा चुकल बाड़े. राजेश के पसंदीदा खिलाड़ी सचिन तेंदुलकर, पसंदीदा कलाकार बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिंन्हा आ ऐश्वर्या राय बच्चन, अउर पसंदीदा राजनेता अटल बिहारी बाजपेयी आ नरेन्द्र मोदी हउवे. राजेश हिन्दी आ भोजपुरी गीत गावेले, चेतन भगत के थ्री मिस्टेक्स ऑफ माई लाइफ पसंदीदा किताब ह, समाज सेवक बने के तमन्ना बा, आ अपना गाँव आ बैंगलोर शहर के पसंद करेलन. राजेश के सपना बा कि आमिर खान का साथे शिमला घूमसु.
करोडपति बन के राजेश बहुत खुश बाड़े आ अब अपना बेटा के ओकरा रूचि का हिसाब से कैरियर चुने में मदद करीहे काहेकि ऊ आर्थिक दिक्कत का चलते खुद गायक आ क्रिकेटर ना बन सकले. जीतल रकम के एक बखरा घर के लोग ला, एक बखरा समाज सेवा ला आ एक बखरा परिवार के आर्थिक सुरक्षा पर लगइहन.
महुआ पर ‘के बनी करोड़पति’ के एह एपीसोड के प्रसारण बुध 27 जुलाई 2011 के रात नौ बजे से कइल जाई.
(स्रोत – प्रशांत-निशांत)
312 total views, 4 views today
hai
sir i wish u very very much for this great job
weldon again.
बहुत-बहुत बधाई भाई राजेशजी के। सादर।।