दर्शकन के प्यार से गदगद बा महुआ : पी॰के॰तिवारी

by | Aug 26, 2010 | 4 comments

भारत में बोलल जाये वाली दूसरकी सबले बड़ भाषा भोजपुरी के आम परिवारन का बईठका में प्रतिष्ठापित करे वाला टीवी चैनल महुआ टी॰वी॰ के तिसरका साल शुरु हो चुकल बा. एह खातिर चैनल के अध्यक्ष सह प्रबन्ध निदेशक पी॰के॰तिवारी दर्शकन से मिलल नेह से गदगदाइल बाड़न. भोजपुरी गीत संगीत के प्रतिष्ठापन, भोजपुरी सिनेमा के बड़हन बाजार मुहैया करवला से ले के भोजपुरिया संस्कृति आ समाज के आगा बढ़ावे में लागल महुआ टीवी के अध्यक्ष सह प्रबन्ध निदेशक पी॰ के॰ तिवारी से भइल बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जा रहल बा.

महुआ टीवी के तिसरका साल में प्रवेश का मौका पर ढेरहन बधाई.
बहुते धन्यवाद. साँच कही त बहुते सफल रहल बीतल दू साल के सफरनामा. महुआ एगो जनमाध्यम ह आ चैनल का रेटिंगे पर ओकरा व्यावसायिक सफलता आ विज्मापन के बात होखेला. हमनी के चैनल के आजु सगरी खास ब्रांडन के विज्ञापन मिल रहल बा आ इहे बतलावत बा कि हमनी के बड़हन दर्शकन बाड़े. पिछला साल भइल आ एहू साल चल रहल सुरसंग्राम आ पूरा हो चुकल डांस संग्राम के सफल रेटिंगो हमनी के लोकप्रियता बखानत बा.

कहल जा रहल बा कि महुआ टीवी यूपी आ बिहार में कई गो दोसरा मनोरंजन चैनलन के मजगर चुनौती दे रहल बा. राउर राय ?
अब हम का कहीं ? अतने कह सकीलें कि महुआ परिवार दर्शकन के प्यार आ सहयोग से गदगद बा. हमनी पर ओह लोग के विश्वास आ हमनी के कार्यक्रम के प्यार का बदौलते हमनी के ई जगहा मिलल बा. एकरा के हमनी के सफलता कहीं कि आज के मनोरंजक चैनल हमनी के भोजपुरिया थीम्स पर आपन धारावाहिक बना रहल बाड़ी स.

दर्शकन खातिर महुआ चैनल का नया ले के आवत बा ?
महुआ हरर उमिर आ पसन्द के दर्शकन खातिर नया नया शो ले के हाजिर हो रहल बा. आजुकाल्ह पारिवारिक धारावाहिक अखण्ड सौभाग्यवती, संगीतप्रेमियन खातिर सुर संग्राम २, जय जय शिवशंकर आ लड़िकन खातिर एगो खास रियलिटी शो, कॉमेडी शो वगैरह परोसल जा रहल बा.

महुआ बांगला के शुरुआत भइल बा. ओहिजा कइसन बाजार बा ?
देखीं, कम्पटीसन त हर जगहा बा. बांगला के बाजार जमल जमावल होखला चलते तनी तगड़ा कम्पटीशन मिलत बा. हमनी का एगो फुटबाल आधारित शो ले के आपन लांचिग कइनी जा. फेर कई गो फिक्शन ले के आवत बानी जा.कुछ फिलिम वालन से अपना चैनल खातिर फिलिम बनावे के प्रस्ताव दिहले बानी जा. हमनी के उमेद बा कि भोजपुरिये चैनल महुए लेखा बंगलो चैनल दर्शकन का दिलो दिमाग पर छा जाई.

आगा का करे के बा ?
बस देखत जाईं…


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

4 Comments

  1. OP_Singh

    दिनेश जी जान के खुशी भइल कि रउरो लगे कार्यक्रम प्रसारित होखे से पहिले ओकर खबर चहुँप गइल आ रात आठ बजे से देखावल जाये वाला कार्यक्रम दुपहरिये में देखि के रउरा आपन टिप्पणी भेज दिहनी. वइसे रउरा थोड़ देर इन्तजार कर लेबे के चाहत रहुवे.

    रउरा टिप्पणी में से एक वाक्य काट दिहले बानी काहे कि थपड़ी एक हाथ से ना बाजे. जवन भइल तवना में दुनो जने शामिल रहले. के शुरूआत कइल के जवाब दिहल, ई सब का फेर में नइखे पड़े के.

    राउर
    संपादक

  2. DINESH CHANDRA GUPTA

    HME SURSANGRAM-2 KA PROGRAM ACHHA LAGAL LEKIN
    SANIWAR KE TRIALR DEKHNE KE BAD BAHUT HI DIL TUT GAYA BHAI MANOJ AND RAVIHISHAN KE NOK-JHOK YEHA TAK KI MARPIT KA NOUBAT AA GAIL BAHUTE HI SARAM KI BAT HE HAMARA BHOJPURI KO SAMBHALKAR RKHE .

    AAP KA
    DINESH CHANDRA GUPTA
    A/P- VIDYA BHAWAN NARAIANPUR
    DIST- BALLIA (UP)277213
    CAMPOT- KOLKATA(TCI)

  3. anshu dikshant

    sur sangram pher aa gail………………

  4. दिवाकर मणि

    महुआ एही तरह दिन-दूना रात-चौगुना तरक्की करे, इहे शुभकामना बा.

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up