बिग बॉस शुरू भइला कुछुवे दिन भइल बा बाकिर ड्रामेबाजी शुरू हो गइलबा. बंटी चोर पर त पहिलके दिने बिग बॉस अतना रिसियइलन आ बंटी चोर बिग बॉस को अइसन अइसन श्लोक सुनवलसि कि बिग बॉस ओकरा के निकालही के पड़ल. अब शायद ऊ ”बिग बॉस” में लवटि के ना आवे बाकिर अगर ऊ वापिस आवत बा त एकर मतलब होखी कि ई भितरिया सांठ-गाँठ रहुवे. काहे कि पिछलको सीजन में कुछ अइसने भइल रहे. कुछ लोग के खुदे निकाल के फेर बाद में ओह लोग के बोलावलो गइल रहे. ”बिग बॉस” का घर में सब कुछ हो सकेला बस टी आर पी बढ़े के चाहीं.

शिव सेना आ राज सेना, सॉरी ! मनसा, पाकिस्तानी मेहमान वीना मलिक आ लड़का- लड़की वाला बेगम नवाजिश अली के विरोध शुरू कर दिहले बा. लिहाजन एह लोग के देर सवेर त निकलही भा निकालही के पड़ी.

अइसनका में ”बिग बॉस” के अउरी मसालेदार बनावे खातिर ने कुछ दोसर नामचीन हस्तियन के एह “घर” में ले आवही के पड़ि जेहसे कि ”बिग बॉस” के इज्जत बाचल रहे. अबही एह घर में बस दू-तीने गो नाम बा जे कुछ काम के बा, जइसे कि मनोज तिवारी-श्वेता तिवारी. एह जोड़ी से कुछ चटपटा मिले के उम्मीद बा. समीरो सोनी ठीक चलत बाड़े. वकील अब्बास काजमी घर से बाहर हो चुकल बाड़े आ हालात देखत अगिला नंबर वीना मालिक के होखे के चाहीं, महेश भट्ट के सुपुत्र राहुल भट्ट फिलहाल चुप्पी सधले बाड़न. डाकू हसीना सीमा परिहार के लोगो के सहानुभूति मिले के उम्मीद बा. अस्मित आ सारा “प्रवेश आ क्लोडिया” बने में लागल बाड़न बाकिर एह दुनु में दम नइखे, एहसे शायद ”बिग बॉस” रिया सेने के बोलवा लेस !

१४ अक्टूबर तक कॉमनवेल्थ गेमो ख़तम हो जइहे सन त काहे ना ”बिग बॉस” अपना घर में कुछ खिलाड़ियने के बोला लेसु. सुने में आइल रहे कि पामेला एंडरसन आवे वाली बाड़ी. कतना निमन लागी जब पामेला आ सीमा परिहार के बातचीत होखी. वाह, आ बगल में बइठल रहसु मनोज तिवारी, जे साक्षी से अंग्रेजी सीखत बाड़न. अपना जमाना के सुपर स्टार राजेशो खन्ना आवे वाला रहन . ठीके भइल जे ना अइले ना त उनका प्रशंसकन के ढेरे निराशा होखीत काहे कि ई गर उनकालायक नइखे. आजुवो उनका प्रशंसकन के गिनती बहुते बा. तबो ई कहि के उनका के बदनाम कइल जा रहल बा कि ऊ शर्त रखले रहुवेन कि उनका दारु पियला पर कवनो पाबंदी ना रहे तबहिये ऊ बिग बॉस में आ सकेले !

एह कार्यक्रम के रुचिगर बनावे खातिर एगो पसंद इहो हो सकेला कि लहीम-सहीम डब्ल्यू डब्ल्यू एफ जइसन नकली कुश्ती के बादशाह खली, जे दुनिया में बहुते नाम कमइले बाड़े, के बोला लिहल जाव. अउरियो नाम बाड़ी सँ जिनका के बोला के ”बिग बॉस” दर्शकन के मनोरंजन कर सकेले. फिलहाल अबही जे लोग घर में बा ओतना देखेवालन खातिर पूरा नइखे पड़त.मजेदार दबंग सलमान खान आखिर कबले बहरी बइठ के दर्शकन के मनोरंजन करत रहीहें. कुछ चटपटा मसाला त उनको चाहीं बोले खातिर.


(स्रोत : ईहा फीचर के मीनाक्षी शर्मा)

Advertisements