भोजपुरिया चैनल महुआ टी॰वी॰ पर एह घरी एगो नया धारावाहिक ‘हमार सौतन हमार सहेली’ के प्रसारण कइल जा रहल बा जवना के निर्माण ‘बालिका वधू’ जइसन हिट धारावाहिक बनावे वाली कंपनी ‘स्पेयर ओरिजिन’ कइले बिया.
‘हमार सौतन हमार सहेली’ कहानी ह आशा, चंदा अउर निर्भय के. गाँव के दबंग ठाकुर निर्भय चौहान के पत्नी हई आशा. सिधवा घरेलू औरत आशा के घर में कैदी का तरह राखल जा ता काहे कि ऊ अबही ले निर्भय के घर के वारिस नइखी दिहले. चंदा एगो गरीब घर के लड़िकी हियऽ. ओकरा पर अपना छोट बहिन आ अपना नशेड़ी मरदो के जिम्मेदारी बा. ऊ गाँव में घूम-घूम के शादी ब्याह में सोहर गावेले आ ओहसे मिले वाला पइसा से अपना बहिन के पढ़ावेले. निर्भय ओकरा से शादी करके अपना घरे ले आवऽता. आशा आ चंदा एक दोसरा के सौतन के रूप में देख के दंग रह जात बाड़ी, काहे कि दुनु एके गाँव के हई आ सहेलीओ हई. अब आशा पर निर्भय आ ओकरा महतारी के अत्याचार बढ़ल जात बा. फेर एक दिन दुनु सौतन सहेली मिलके ठान लेत बाड़ि निर्भय आ ओकरा परिवार के मुकाबला करे के.
आशा आ चंदा दुनु कइसे मुकाबला करत बाड़ी इहे देखावल जात बा ‘हमार सौतन हमार सहेली’ में. शो के प्रसारण महुआ टी॰वी॰ पर हर सोमार से बियफे रात आठ बजे से कइल जात बा. एकर कार्यकारी निर्माता हउवें विनोद कुमार.
(स्रोत – प्रशांत निशांत)
356 total views, 2 views today
MAHUAA TV KE DTH PAR PHIR SE LAI JA TAKI DTH KE DARSHAK MAHUAA TV KE ANAND LE SAKI.