छठ हिन्दु खास क के भोजपुरिया समाज के बड़हन पर्व ह. सूर्य के पूजा वाला ई अनुपम अनुपम लोकपर्व बिहार, झारखण्ड आ पूर्वांचल होखत अब गँवे गँवे हिंदुस्तान के तमाम महानगरन ले लोकप्रिय हो गइल बा.
अबकी के छठ पर अंजन टीवी अपना दर्शकन ला ले के आइल रहे दू गो छठ स्पेशल शो – “छठ घाटे अंजन” आ “चटोरी दुल्हन”. 9 नवम्बर के साँझ 4 बजे से देखावल गइल ”छठ घाटे अंजन” में भोजपुरिया महानायक मनोज तिवारी आ मशहूर लोक गायिका मालिनी अवस्थी के छठ गीत के धूम रहल.
एकरा पहिले 8 नवम्बर के दुपहरिया में 12 बजे से अंजन टीवी के लोकप्रिय शो “चटोरी दुल्हिन” में चटोरी दुल्हिन आ उनका सासु माँ के संगे छठ के पकवान बनावल सिखावल गंइल.
(टीना बत्रा)