pub-4188398704664586

जब जज लड़ि गइले आ प्रतिभागी रोवे लगले

by | Sep 18, 2011 | 1 comment

रियलिटी शो में कुछुवो हो सकेला. कबो बिना कवनो पूर्व योजना के त कबो पूरा पटकथा का आधार पर. हर रियलिटी शो में कवनो ना कवनो अइसन घटना जरूर घटेला भा घटावल जाला.

अबकी महुआ टीवी पर देखावल जा रहल डाँस रियलिटी शो “नाच धूम मचईया” में अइसने हो गइल जब जज का कुर्सी पर बइठल दू गो नृत्य गुरु अपने में लड़ि गइले. “नाच मयूरी” फेम के सुधा चंद्रन आ भोजपुरिया नटराज कहावे वाला कानू मुखर्जी के अपने में भिड़न्त सीमा सिंह का नृत्य प्रदर्शन पर हो गइल. सीमा के नाच देखि के गदगद कानू मुखर्जी उनुकर बड़ाई कइलन त सुधा चंद्रन शिकायत कर बइठली कि कानू जी जज का कुर्सी पर बानी आ उनुका कवनो एगो प्रतिभागी के एह तरह से बड़ाई ना करे के चाहीं. बाति बढ़ल त सीमा सिंह रोवे लगली आ सीमा के रोवत देखि कानू मुखर्जीओ रोवे लगलन.
अब आगा का भइल तवन त आजु अतवार के राति आठ बजे से महुआ टीवी पर देखल जा सकेला. बाकिर बतावत चलीं कि आजु के एपिसोड लोक संगीत का थीम पर बावे जवना पर दसो प्रतिभागी टीम अपना नृत्य कौशल के प्रदर्शन करीहें.आ आजुवे का एपिसोड से एलिमिनेशनो शुरु होखे जा रहल बा.

“नाच नचईया धूम मचईया” के एंकर हउवन रविकिशन आ एह शो के प्रसारन हर शनिचर अतवार का दिने रात आठ बजे से महुआ टीवी पर होखल करेला.


(प्रशांत निशांत से मिलल सामग्री पर आधारित )

Loading

1 Comment

  1. manish

    Sach me dekha jaye to aaj kal Television par “Realty shows” ka etna prachlan badh gaya hain ki ye apne aap ki mahatta khote ja rahi hain. Channel walo ne eshe ek business ka rup de diya hain aur baki jo log esase jude hain chahe bhale hi wo log geet sangeet me parangat ho ya na ho unki to chandi hi chandi hain. Achhe talent ko bahar ka rasta dikha diya jata hain aur winner wahi hota hain jo…………………………” (aap samajh rahe honge)..Mahuwa TV par hone wale lagbhag sabhi reality show ke kisi na kisi apisode ko dekha hain hamne..log gayki ya dance bahoot kam dekhte hain, jyada ye dekhte hain ki ye pratibhagi kitna strugle kiya hain life me, eska family kitna garib hain, enki kitne bhayi bahan saadi karne ko baki hain….etcccccccc. Kewal Mahuwa channel ke reality show ki baat nahi hai ye, lagbhag lagbhag sabhi channel walo ki baat hain jo ki nahi hona chahiye.

    manish “raj”
    Siwan – Bihar
    (Presently in dxb)

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586