डांस संग्राम के फाइनलिस्ट में पटना के आनन्द इशान आ गोरखपुर के अविनाश दूबे

by | May 9, 2010 | 2 comments

भोजपुरी चैनल महुआ टीवी के रियलिटी शो डांस संग्राम में काल्हु फाइनलिस्ट प्रतिभागियन के फैसला हो गइल आ साथही तय हो गइल पश्चिम बंगाल के गौरी क्षेत्री के तीसरका जगह. एकरा साथ ही गौरी क्षेत्री के पाँच लाख रुपिया के नगद पुरस्कारो मिल गइल.

पहिला आ दुसरका जगहा आ एगारह लाख आ सात लाख के पुरस्कार खातिर पटना के आनन्द इशान आ गोरखपुर के अविनाश दूबे का बीचे मुकाबिला बा जवना के फैसला ओह लोग का परफारमेंस भा जज लोग के फैसला से ना हो के दर्शकन के वोट से कइल जाई. वोटिंग के चैनल चालू कर दिहल गइल बा. अब रउरा सभे के हाथ में बा कि केकरा के पहिला पुरस्कार मिली.

श्वेता के जाबांज टीम के योद्धा आनन्द इशान अपना मेहनत आ काबिलियत का बदौलत एह जगहा पर चहुँपल बाड़न. आखिरी चक्रव्यूह तूड़े खातिर उनकर प्रस्तुति रहुवे बौना डांस शैली में अपना चेहरा आ हाथ के छुपा के पेट पर चेहरा के आकृति आ नकली हाथ लगा के एगो अद्वितीय नृत्य. अपना नृत्य से जज सरोज खान के दिल जीतला का बाद पटना के देशरत्न मार्ग के रहवइया आनन्द अब रउरा सब से समर्थन माँग रहल बाड़न. उनका के पहिलका जगहा ले जाये खातिर रउरा JANBAZ टाईप कर के 58888 पर भेज दीं. वोटिंग २१ मई के दुपहरिया ले खुलल रही. अलबम खातिर डांस करत करत एह मंच पर आवे वाला आनन्द मुंबई में एह शो के ग्रैण्ड फिनाले खातिर अभ्यास में लागल बाड़न आ उनकर एह शो में आखिरी परफारमेंस शूक का रात ८ बजे देखे के मिली.

मुकाबिला में सम्भावना के जोशीले टीम से गोरखपुर के अविनाश दूबे बाड़न. पांचो चक्रव्यूह पार करत अविनाशो अन्तिम चक्र में आपन बेहतर प्रस्तुति दे के जज सरोज खान के खुश कर दिहलें. उहो अब अपना शूभचिन्तक दर्शकन से अपना खातिर वोट मँगले बाड़न. अविनाश के पहिला जगहा चहुँपावे खातिर रउरा JOSHILE टाईप कर के 58888 पर भेज दीं. वोटिंग २१ मई के दुपहरिया ले खुलल रही. फाइनल खातिर मुंबई में तइयारी में लागल अविनाश के पूरा भरोसा बा कि राउर वोट उनका मिली.

शो के पहिला विजेता के ट्राफी, एगारह लाख रुपया नगद, आ एगो बजाज डिस्कवर बाइक दिहल जाई. जे दूसरा जगहा पर रह जाई ओकरा साते लाख का इनाम से संतोष करे के पड़ी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

2 Comments

  1. Gopinath

    JOSHILE

Leave a Reply to Gopinath

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up