मनोजो तिवारी कैद हो गइलन बिग बॉस का घर में

by | Oct 3, 2010 | 1 comment

भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार कहाये वाला आ भोजपुरी के मशहूर गायक मनोज तिवारी मृदुल “कलर” टीवी चैनल पर देखावल जा रहल बिग बॉस सीजन ४ खातिर बिग बॉस का घर में कैद हो गइल बाड़न. तीन अक्टूबर के एह रियलिटी शो के शुरुआत हो गइल बा.

हिन्दुस्तान के सबले बड़ रियलिटी शो कहाये वाला बिग बॉस में मनोज तिवारी एगो खास रणनीति का तहत अपना के हिस्सा बनवले बाड़न. बतावल जात बा कि उनुका के एह शो के पहिलके सीजन से शामिल होखे खातिर तइयार करावल जात रहे बाकिर ऊ ओकर हिस्सा ना बनले. फेर सीजन टू आइल आ शिजन थ्रीओ आके चलि गइल बाकिर अबकी कुछ खास भइल आ मनोज तिवारी बिग बॉस सीजन चार के सदस्य बने के तइयार हो गइले आ अपना के बिग बॉस का घर में कैद करा लिहले.

एह शो खातिर अपना के मानसिक रुप से तइयार करे खातिर मनोज तिवारी आपन सगरी मोबाइल फोन एक हफ्ता पहिलही से बन्द कर दिहले आ एकान्तवास में चल गइले. बतावल जात बा कि एह शो का माध्यम से मनोज तिवारी बिहार आ यूपी के छवि निखारे, भोजपुरी कला आ संस्कृति के बढ़ावा देबे, भोजपुरी भाषा आ संगीत के प्रचार करे के काम करीहें. उनका माध्यम से भोजपुरी भाषा का मिठास से दुनियो परिचित होखी. कहल जात बा कि अगर भोजपुरिया लोगन के प्यार मिल गइल त अबकी के बिग बॉस भोजपुरिये होखी.

मनोज तिवारी एहसे पहिले ९ एक्स चैनल के शो चक दे बच्चे के संचालन कइले रहुवन जवन ओकर दुसरको सीजन ले कइले आ ऊ शो अपना जमाना में शिखर छू लिहले रहुवे. ओकरा बाद महुआ चैनल के सबले लोकप्रिय शो सुर संग्राम के संचालन कइले जवन आजु अपना दुसरको सीजन में लोकप्रियता के चार्ट में टॉप पर बा
आ दुसरको सीजन के संचालन उहे करत बाड़न. बिग बॉस में शामिल होखला खातिर भोजपुरी जगत उनका के बधाई दिहले बा आ खुशी से गदगद हो गइल बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    तीन रे महीनवा के ,मिलल वनवाशावा से
    होखिह ना तनिको ,उदाश ‘मृदुल’ भईया !
    जुझीह तुफानावा से ,बदरी बेयारावा से
    भोजपुरिया होखे ना, हताश ‘मृदुल’ भईया !
    बिग बॉस के घरवा में ,सभेके धेयानावा हो
    बनिके के निकलीह, तू खाश ‘मृदुल’ भईया !

    गीतकार :-
    ओ.पी .अमृतांशु

Leave a Reply to omprakash amritanshu

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up