सलमानो मानेले कि मनोज तिवारी भोजपुरी के सबले बड़ सुपर स्टार

by | Oct 5, 2010 | 2 comments

कलर्स टीवी चैनल पर देखावल जा रहल रियलिटी शो बिग बॉस सीजन ४ में एगो प्रतिभागी का तौर पर मनोज तिवारी के स्वागत करत सलमान कहले कि आप भोजपुरी के सबसे बड़े सुपर स्टार हो और मुझे आपकी लोकप्रियता से जलन होती है. जवना घरी सलमान खान मनोज तिवारी का स्वागत में ई बात कहत रहले तवना घरी हजारो के तादाद में मौजूद दर्शकन के ताली गड़गड़ात रहे. स्टेज पर बिग बॉस के पूर्व प्रतिभागी रह चुकल रविकिशन, राजू श्रीवास्तव, बिंदू दारा सिंह, आ संभावना सेठ मौजूद रहेलोग.

बिग बॉस सीजन ४ के चौदह प्रतिभागियन में मनोज तिवारी के खास आकर्षण बा. शो में इंट्री मारत मनोज तिवारी के अंदाज ठेठ भोजपुरिया रहे आ ऊ भोजपुरियन का आन बान शान में दबंग भरल गीत “नाम सुने त दुनिया मौन, हमही है भोजपुरिया डॉन” सुना के आपन जोरदार शुरुआत कइलन. सलमान उनका के कई बेर अँकवारी भरलन आ एक बेर त उनका संगे डांसो कइलन. घर में घुसे वाला ऊ चौदहवा प्रतिभागी रहले आ भीतर जाते पहिले से मौजू सगरी प्रतिभागी खुशी से चहक उठलन.

एह हिन्दी रियलिटी शो का माध्यमो से मनोज तिवारी के एके कोशिश बा कि भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के प्रोमोट कइल जाव.

स्रोत शशिकान्त सिंह

Loading

2 Comments

  1. ashish kumar

    dear Sir,

    Greetings of the day/!!!

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up