भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा स्मृति सिन्हा अब छोटका परदा पर घरेलू औरतन के ‘बिग मेमसाब’ बनावत नजर अइहें.
बिग मैजिक टीवी के रियलिटी शो ‘बिग मेमसाब’ के एंकरिंग करत बाड़ी स्मृति सिन्हा. एह शो के जरिए स्मृति देश भर के चुनल गृहिणियन में से ‘बिग मेमसाब’ चुनीहें.
गौरतलब इहो बा कि स्मृति एकरा से पहिलहूँ बिग मैजिक के शो ‘हिन्दुस्तान के बिग स्टार’ में नजर आइल रही.
स्मृति सिन्हा के नईकी भोजपुरी फिलिम ‘खून भरी माँग’ रिलिझ ला तइयार बा.
(प्रशान्त-निशान्त)