बिहारी माफिया के नाम बदल के विजय बिहारी माफिया कर दिहल गईल

RaviKishan as Bihari Mafia

फिलिम के नाम के लेके हो रहल गलत प्रचार का चलते बिहारी माफिया के निर्माता रवि किशन बिहारी माफिया के नाम सेंसर से स्वीकृति ले के विजय बिहारी माफिया कर दिहलन आ फिलिम अपना नयके नाम का साथे रिलीज भईल. ईहो शायद भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिलके हालि भईल.

खैर, गलत प्रचार का बावजूद विजय बिहारी माफिया फिलिम के बिहार में शानदार ओपनिंग मिलल आ एह से उत्साहित रविकिशन अपना दोसरको फिलिम के निर्माण शुरु करे के एलान कर दिहलें.

अब एही शुक के विजय बिहारी माफिया मुंबई में रिलीज होखे जा रहल बा. फिलिम के निर्देशक बबलू सोनी का मुताबिक फिलिम में गुण्डागर्दी का खिलाफ संदेश दिहल गईल बा आ बतावल गईल बा कि अन्त में सच्चाईये के जीत होखेला.

विजय बिहारी माफिया में रविकिशन के अभिनय के जमके तारीफ कईल जा रहल बा आ कहात बा कि रविकिशन सौ गो से बेसी फिलिमन में अपना काम के अनुभव एहमें झोंक दिहले बाड़न.

स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359