Bhojpuri Film/ Songs/Music
मुन्नीबाई कमईली तीन दिन में बीस लाख
निर्माता जीतेश दूबे के फिल्म मुन्नी बाई नौटंकीवाली रिलीज होखला का तीन दिन में बीस लाक के कमाई कर लिहलसि. पटना का बीना थियेटर में एह फिलिम के बारह में से नौ शो हाउस फुल रहली स.

अतना कमाई कर के मुन्नी बाई कमाल कर दिहली आ बड़ बड़ फिलिमन के पानी पिया दिहली. बाली आ रानी चटर्जी के मुख्य किरदार वाली एह फिलिम के देखे खातिर मेहरारुवन के बड़ भीड़ जुट रहल बा सिनेमा हालन में.
बकौल निर्माता जीतेश दूबे अब भोजपुरी सिनेमा में स्टारडम के जमाना बीत चुकल. अब सही कलाकार, सही विषय वस्तु, आ सही फिल्मकार ले के बढ़िया सफल फिल्म बनावल जा सकेला. फिल्म के निर्देशक बाली ओ फिल्म के सफलता से गदगदाइल बाड़े.
