Bhojpuri Film/ Songs/Music
विनयो आनन्द बनलन रियलिटी शो के जजमान
बिग बी, शाहरुख खान, आ सलमान खान के तर्ज पर चलत विनयो आनन्द एगो भोजपुरी रियलिटी शो के जजमानी करे जा रहल बाड़े. महुआ टीवी चैनल पर आवे वाला गृहलक्ष्मी धारावाहिक शो में विनय आन्नद लोगन के सेट पर बोला के करोड़पति ना बनइहन बलुक अपने घरे घरे जइहन, सवाल पुछीहन आ सही जवाब देबे वालन के ईनाम दीहन.

पिछला दिने एह शो के शूटींग खातिर विनय आनन्द वाराणसी के विवेकानंद कालोनी मे गइलें जहवाँ उनका के एक झलक देखे खातिर भीड़ जुट गइल. विनय आनन्द कहलन कि ई एगो नया अनुभव रहे लोग का घर में जा के ओह लोग के इनाम देबे के. कहलन कि खूब मजा लेत बाड़े एह शूटिंग में आ मेहनतो ओतने करत बाड़े.
