Bhojpuri Film/ Songs/Music
चलनी के चालल दुल्हा यूपी बिहार में सुपर हिट भइल

अब तकले के सबले अधिका प्रिन्ट का साथ बिहार आ यूपी के २८ गो थियेटर मे एके साथ रिलीज होखे वाली भोजपुरी फिलिम चलनी के चालल दुल्हा दूसरको हफ्ता में हाउस फुल चल रहल बिया.
प्रवेशलाल यादव के भोजपुरी सिनेमा में पहिलका बेर बतौर नायक पेश करे वाली एह फिलिम के मेहरारुवन के गोल बहुते पसन्द कइले बा. एह फिल्म के मुख्य किरदार प्रवेशलाल यादव आ शुभी शर्मा का साथे दिनेशलाल यादव निरहुआ, पाखी हेगडे, मनोज टाइगर, आ अवधेश मिश्रा मेहमान कलाकार का रुप में आइल बा लोग.
