Bhojpuri Film/ Songs/Music

आ दिलवालन के दिल लूट ले गइली प्रतिभा

एक हालि शिल्पा शेट्टी डांस कइले रही दिलवालों के दिल का करार लूटने, मैं आयी हूँ यूपी बिहार लूटने वाला गीत पर त बुझाइल रहे कि बिजली गिर गइल. आ एही गाना पर अबकी बिजली गिरा दिहली खाँटी भोजपुरिया अभिनेत्री प्रतिभा पान्डे अपना डान्स से.

Pratibha Pandey

मौका रहुवे भोजपुरी फिल्म समारोह के आ जब तेज लाइट आ लाउड साउण्ड का साथे हजारन लोग का भीड़ का बीच प्रतिभा पांडे स्टेज पर एह गीत पर डांस कइल शुरु कइली त का जवान, का बूढ़, सबे झूमे लागल. वीआईपी दीर्घा में बइठल कुछ लोग त वंस मोर के रट लगा दिहल.

प्रतिभा पाण्डे भोजपुरी सिनेमा के चर्चित अदाकारा हई आ पहिलका भोजपुरी अदाकारा हई जे हालीवुड का एगो फिलिमो खातिर साइन कइल गइल बाड़ी. ओहि फिलिम के स्टंट ट्रेनिंग का दौरान घवाहिल हो गइला का बादो ऊ भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह खातिर दिन रात मेहनत कर के जब मंच पर अइलि त सांचहू लोगन के दिल लूट ले गइली.

स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806