Bhojpuri Film/ Songs/Music
भोजपुरिया परदा पर मंगल पांडे
एगो मंगल पांडे अब भोजपुरी सिनेमा का परदा पर लउके वाला बाड़न जे स्वतंत्रता संग्राम वाला मंगल पांडे ना बलुक एगो खलनायक चरित्र के नाम होखी.

भोजपुरिया फिलिम ओढ़निया कमाल करे में एह खलनायक मंगल पांडे के किरदार कर रहल बाड़न पत्रकारिता से सिनेमा का दुनिया में आइल जय सिंह. बकौल जय सिंह ऊ मंगल पांडे के पूरा इज्जत करेलन आ उहे का सभे ओह क्रांतिपुरुष के सम्मान करेला. बाकिर उनकर भूमिका वाला मंगल पांडे के ओह क्रांतिपुरुष से कुछु लेबे देबे के नइखे. बस नामे मिलत जुलत बा.
ओढ़निया कमाल करे के निर्देशन अरविंद चौबे कर रहल बाड़े.
पत्रकार से अभिनेता बनल जय सिंह के पहिलका फिलिम रहुवे रंगबाज दारोगा जवना में ऊ भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन, पवन सिंह, आ मोनालिसा का साथे आपनो छाप छोड़ दिहलन. जय सिंह के आवे वाली फिलिमन के नाम बा गइल भइसियां पानी में, तोहार नइखे कवनोजोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो, पवन पुरवईया, आ हमारी माटी में दम बा. कहलन कि पवन सिंह का कहला पर ऊ फिल्मी दुनिया में गोड़ धइलन. उहे उनकर उत्साह बढ़वलन.
ई पुछला पर कि खलनायक के किरदार काहे जय सिंह बतवलन कि ऊ कुछ अलगा करे के चाहत रहलें एहीसे खलनायक के किरदार चुन लिहलें.
