Bhojpuri Film/ Songs/Music
बहना राखी खातिर सुयोग्य वर खोजिहन रविकिशन
भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन एन.डी.टीवी.इमेजीन का शो 'राखी के स्वयंवर' में राखी सावंत के मनमाफिक वर चुने में उनकर मदद करीहन. बतावल जात बा कि एह शो में रविकिशन राखी सावंत के बड़ भाई का भूमिका में बाड़ें आ हाल ही में रविकिशन उदयपुर में एह शो क शूटिंगो कइले बाड़ें.
एहिजा बतावे लायक बा कि 'बिग बॉस' क पहिला सत्र में रविकिशन आ राखी सावंत साथे साथ रहलन. शो का दौरान त कुछ खास ना भइल बाकिर शो का बाद राखी सावंत रविकिशन का ख़िलाफ़ ढेरे कुछ कहले रही. ओकरा बाद दुनू के आमना-सामना 'ये है जलवा' में भइल रहुवे जहाँ रविकिशन जजमान आ राखी प्रतियोगी का भूमिका में रहली. अब 'राखी के स्वयंवर' में ई दुनू तीसरका बेर साथे आ रहल बाड़न बाकिर अबकी एह दुनू का बीचे एगो पवित्र रिश्ता के डोरी बा. बतावल जात बा बड़ भाई का किरदार में रवि किशन 'राखी के स्वयंवर' में चुनाइल प्रतियोगियन से मुलाकात कइके ओह लोग का मन के बात जाने क कोशिश करीहन.
बहरहाल 'राखी के स्वयंवर' में रविकिशन के शामिल करे का पाछा चैनल क मंशा बा कि बिग बॉस का तरे एकरो टीआरपी बढ़ावल जाय. विदेश में शूटिंग करे गइल रविकिशन अबहीं कवनो प्रतिक्रिया नइखे मिल पावल आ दोसरा ओरि चैनल क आदेश पर राखी के मुँह अबकियो बंद बा.
