Bhojpuri Film/ Songs/Music

प्रशंसकन के समर्पित बा ई अवार्ड कहलन रविकिशन

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन फिलमी दुनिया के अकेला अभिनेता हईवन जे कवनो अवार्ड समारोह में बेस्ट एक्टर के अवार्ड लागातार चार साल जीतले होखो. हालही में आयोजित चउथका भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह में रविकिशन के उनुका फिलिम धरमवीर खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के अवार्ड दिहहल गइल. उनकरे एगो दोसर फिलिम विदाई पांच गो अवार्ड जीतलसि. अवार्ड का सिलसिला में रविकिशन से भइल बातचीत के कुछ अंश दिहल जा रहल बा...

Ravi Kishan with Best Actor Award

अपने लगातार चार साल से बेस्ट एक्टर क अवार्ड जीतत आवत बाड़ी, एकर श्रेय केकरा के देम?

देखीं, बिना टीम वर्क केहू कुछऊ ना पा सके. साँच बा कि हम अपना किरदार के जियतार बनावे खातिर पूरा मिहनत करेनी बाकिर ओह किरदार के परदा पर ले आवे का पाछे कई लोगग के मेहनत जुड़ल रहेला. लेखक बढ़िया पटकथा आ संवाद ना लिखे आ निर्देशक दृश्य पर मेहनत ना करे त राउर किरदार पर असर पड़ जाई. एही तरह यूनिट से जुड़ल स्पॉट ब्वाय से लेके निर्देशक तक सब केहू के आपन योगदान होला. आपनो कर्मचारियन के काम रहेला सफलता में. बाकिर जहाँ ले अवार्ड के श्रेय देबे के बात बा त हम अपना दर्शकन के श्रेय दिहल चाहम जे हमनी क मेहनत के सही आकलन करेलें.

कहल जा रहल बा कि भोजपुरी फिल्म उद्योग संकट के दौर से गुजर रहल बा, राउर कहनाम का बा?

हम एह बात के ना मानम. उल्टे एह साल पर साल से बेसी फिलिम बन रहल बाड़ी सन आ बहुते नया नया लोग आ कंपनी एह उद्योग से जुड़ रहल बाड़े. अतने ना एहू साल रिलीज भइल फिलिमन के दर्शक पसन्द कर हरल बाड़े. भोजपुरी फिल्म उद्योग त बरगद का गाछ क तरह बा. ठीक बा कि मौसम के असर सबका पर पड़ेला आ तनीमनी ऊँचनीच लागल रहेला.

अपने त हिन्दिओ सिनेमा में ढेरे व्यस्त बानी. कवन कवन फिलिम आवे वाली बाड़ी सन?

हँ, ठीक कहनी हं. हम हिन्दी के कई गो बड़ बैनर के फिलिमन में काम कर रहल बानी जवना में मणि रत्नम सर के रावण, सोहम शाह के लक, श्याम बेनेगल के वेलडन अब्बा जी वगैरह के नाम लिहल जा सकेला. रावण एह साल के सबसे बड़ फिलिम मानल जा रहल बा. एहमें हम अभिषेक बच्चन के छोट भाई के किरदार में बानी. लक के पूरा कहानी हमरे किरदार का दाँये बांये घूमत बा. एहमें हमरा साथे संजय दत्त, मिथुन दा, इमरान खान आ कमल हसन के बेटी श्रुति हसन मुख्य किरदार में बा लोग. श्याम बाबू के पिछलका फिल्म वेलकम टू सज्जनपुर का तरह वेलडन अब्बाजी में हमार अनूठा किरदार बा. ई तीनो फिलिम एही साल रिलीज होखिहन स. कुछ आउरियो हिन्दी फिलिमन के काम चल रहल बा.

ई त बात भइल हिन्दी के. भोजपुरी में कवन कवन फिलिम आवेवाली बाड़ी स?

भूमिपुत्र रिलीज हो चुकल बा आ बहुते बढ़िया जा रहल बा. र्गबाज दारोगा जल्दिये रिलीज होखेवाला बा. दू गो दोसरो फिलिम के शूटिंग पूरा हो चुकल बा. पहिलका उदित नारायण के कानून हमरा मुट्ठी में आ दुसरका साथी रे. कानून हमरा मुट्ठी में के निर्देशन आनन्द गहतराज कर रहल बाड़े जिनका साथ ई हमार दुसरका फिलिम हऽ. पहिलका फिलिम कब होई गवना हमार के नेशनलो अवार्ड मिलल रहुवे. नेपाल का खुबसुरत वादियन में फिल्मावल साथी रे के निर्माता नंदू श्रीवास्तव आ निर्देशक राणा सागर हवें. एह फिलिम से भोजपुरी सिनेमा में एगो नया अभिनेत्री उषा के आगम हो रहल बा. निर्देशक बबलू सोनी आ निर्माता अनिल सिंह के फिल्म के शूटिंग शुरु होखे वाली बा. कई गो फिलिम हमरा लगे समय का कमी से अटकल बाड़ी स जवनन के अगिला तीन महीना में पुरा करा देबे के बा.

रउरा त आपन प्रोडक्शन हाउसो खोल दिहले बानी. का हो रहल बा?

अगिलका फिलिमन के शुरुआती काम जारी बा आ जल्दिये एगो नया फिलिम के घोषणा कर दिहल जाई. एकरा अलावे हम छोटको परदा खातिर कुछ शो बनावल चाहत बानी जवना के काम रचनात्मक स्तर पर चल रहल बा. रउरो लोग के जल्दिये बता दिहल जाई. हमरा व्यस्तता का चलते कई गो योजना पर असर पड़ल बा बाकिर अगिला कुछ महीना में सब कुछ सलट जाई अईसन उम्मेद बा.

स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359