Bhojpuri Film/ Songs/Music
ई कैसी गुरुदक्षिणा
ओम शिवम पिक्चर्स के बनावल ई कैसी गुरुदक्षिणा गुरु शिष्य परम्परा पर बनल एगो दिलचस्प फिलिम बा जवना में संगही संगे एगो प्रेमो कहानी के प्रवाह बा.
बनारस के भारद्वाज आश्रम एह कहानी का केन्द्र में बा जहाँ के गुरु परमाचार्य संगीत के साधक हईवन आ उनका से ढेरे शिष्य संगीत के शिक्षा लेबेलें. एही शिष्यन में से एगो मोहन बा जे अपना बेटा मानस के आश्रम में छोड़ के मेला देखे जात बा बाकिर ओहिजा से लवटि नइखे पावत. बाप के मरला का बाद मानस अपना दादा का लगे जात बा, दादाजी अपना बेटा मोहन के मौत के कारण संगीते के मान बइठल बाड़न आ अपना पोता मानस के संगीत से फरके रहे के हिदायत दे देत बाड़न. अब मानस आश्रम में एगो शिष्य ना बलुक सेवक का तरह रहे लागत बा, बाकिर संगीत त ओकरा खूने में रहे से सुनते देकते ऊ अनायास संगीतसाधक बन जात बा. मानस के संगीत के दीबाना बन जात बिया एगो जमींदार के बेटी. ओहि जमींदार के दान पर चलत बा ऊ आश्रम से जमींदार गुरुजी पर दबाव डालत बा आ गुरुजी मानस से दक्षिणा माँग लेत बाड़न कबहूं ना गावे के! अब सोचीं हंसा का दिल पर का गुजरल होखी ? बाकिर ई रहस्य त सिनेमा हाल में फिलिम देखले पर पता चली.
नलिनि आर पटेल के प्रस्तुति ई कैसी गुरुदक्षिणा के निर्माण रजनीकान्त पटेल कइले हउवन. आ उहे एह फिलिम के पटकथा आ संवाद लिखले बाड़े. संवाद लिखे में ओमप्रकाशो पाण्डेय के योगदान बा. कथा आ निर्देशन प्रेम सिंह के ह. नृत्य निर्देशन जगन्नाथ दास के, छायांकन अशोक चक्रवर्ती के, गीत योगेश के, आ संगीत मधुकर आनन्द के बा.
मुख्य कलाकारन में विष्णु संकर, रिया धमीचा, दिनेश बागड़ी, विशाखा, नारायण भंडारी, उपासना सिंह, विजय नैयर, शिवजी सिंह, जे॰डी॰, बबुआ देवाशीष, सुनीता शर्मा, गोपाल राय, सोनू, आ मंदिरा पाठक बा लोग.
