Bhojpuri Film/ Songs/Music

गरमा गरम तारिका मोनालिसा के आइटम डांस

Monalisa as Item-girl Dancer in Prem Ke Rog Bhayeel

भोजपुरी फिलिमन के गरमागरम अभिनेत्री मोनालिसा अब एगो नया रूप में दर्शकन का सोझा आइल बाड़ी. उनकर ई नया रूप सामने आइल बा प्रेम के रोग भइल फिलिम में.

एह फिलिम में मोनालिसा एगो मनमोहक आइटम डांस कइले बाड़ी जवन कि काफी गरम आ हिलावे वाला कहल जा रहल बा. एह दांस में उनुका संगे ठुमका लगवले बाड़न खलनायक अवधेश मिश्रा. अपना एह डांस से मोनालिसा सबके बता दिहल चाहत बाड़ी कि ऊ लोग का दिल पर कहर बरसावे आ गइल बाड़ी, दिल बचा सकत होखऽ त बचा लऽ.

जानल मानल अभिनेत्री का रूप मे आपन जगहा बना चुकल मोनालिसा निरहुआ के होम प्रोडक्शन के एह फिलिम में निरहुआ से अपना दोस्ताना संबंधन का चलते ई आयटम डांस कइले बाड़ी. फिल्म के गीत प्यारेलाल यादव आ एस के चौहान के लिखल बा आ संगीत का सुर में सजवले बाड़न कुमार जीत. डांस डायरेक्शन कानू मुखर्जी के बा.

बकौल मोनालिसा ई फिलिम देखे वालन के जरुरे नीक लागी आ उनकर डांस फिलिम के जान बन जाई. फिल्म एही २५ जून के रिलीज हो चुकल बा.

स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624