Election of President of India, 2007
भारत के राष्ट्रपति के चुनाव कइसे होला ?
तरीका आ तरकीब
भारत के राष्ट्रपति के चुनाव पाँच साल खातिर होला. कबो कबो बीचे में असामयिक निधन का चलते बीचो में चुनाव करावे पड़ेला बाकिर ऊ चुनाव फेर पाँच साले खातिर होखेला, कम दिन खातिर ना.
भारत के लोकसभा आ राज्य सभा के सब निर्वाचित सांसद आ भारत के राज्य विधान सभा के निर्वाचित विधायक लोग एह चुनाव में वोट देबेला. हर आदमी के वोट के कीमत एके बरोबर ना होला. राज्य के १९७१ के जनसंख्या में १००० से भाग दिहला का बाद जवन आवेला तवना में ओह राज्य के निर्वाचित विधायकन के संख्या से भाग दिहला पर जवन आवेला ऊहे ओह वोट के कीमत होखेला. एह विधान का चलते यूपी के विधायक के वोट के वजन सबले अधिका आ सिक्किम के विधायक के सबले कम होखेला.
भारत के सब राज्यन के निर्वाचित विधायकन के कुल संख्या ४१२० बा आ ओह लोग के वोटन के वजन कुल मिला के ५४९४७४ होखेला. अब एह संख्या में सांसदन के संख्या ७७६ से भाग दिहला पर जवन आवेला ऊहे हर सांसद के वोट के वजन होखेला.
एह सिस्टम से अबकी पारी संप्रग का लगे करीब ४ लाख वोट राजग का लगे ३.५ लाख, वामपंथियन का लगे १.१ लाख, आ सपा बसपा का लगे करीब सवा सवा लाख वोट बाटे.एह गणित का चलते कहल मुश्किल बा कि ऊँट कवना करवट बईठी.
फेर सबले अधिका वोट पावे वाला आदमी जीत जाई ई दावा नइखे कइल जा सकत. राष्ट्रपति पद के हर उम्मीदवार के अपना पसन्द के क्रम दिहल जाला. यदि कवनो उम्मीदवार कुल पड़ल वोट के आधा से अधिका ले ली तबे ऊ जीती. अगर अइसनका ना हो सकल त सबसे कम वोट पावे वाला उम्मीदवार के हटा दिहल जाला आ ओकरा वोटरन के दूसरका पसन्द के गिनती कइल जाला. ई क्रम तबले चलेला जबले एक उम्मीदवार आधा से अधिका वोट ना ले लेव. नीलम संजीव रेड्डी आ वीवी गिरी का बीच का चुनाव में अन्त में जाके फैसला भइल रहुवे.
अब ले भारत के ग्यारह गो राष्ट्रपति चुनाइल बाड़न. पहिलका राष्ट्रपति डा॰राजेन्द्र प्रसाद दू हाली चुनइलन आ २० जनवरी १९५० से लेके १३ मई १९६२ ले राष्ट्रपति रहुवन. उनुका बाद डा॰सर्वपल्ली राधाकृष्णन १३ मई १९६७ ले, डा॰ जाकिर हुसेन १३ मई १९६७ से ३ मई १९६९ ले, वीवी गिरी २४ अगस्त १९६९ से २४ अगस्त १९७४ ले, फखरुद्दीन अली अहमद २४ अगस्त १९७४ से ११ फरवरी १९७७ ले, नीलम संजीव रेड्डी २५ जुलाई १९७७ से २५ जुलाई १९८२ ले, ज्ञानी जैल सिंह २५ जुलाई १९८७ ले, आर वेंकटरमण २५ जुलाई १९९२ ले, शंकर दयाल शर्मा २५ जुलाई १९९७ ले, के आर नारायणन २५ जुलाई २००२ ले, आ तबसे अब्दुल कलाम साहब अबहीं राष्ट्रपति बानी.
एहमें से डा॰ जाकिर हुसेन आ फखरुद्दीन अली अहमद जी के मृत्यु राष्ट्रपति रहते हो गइल रहुवे. बाकि लोग आपन पूरा अवधि ले राष्ट्रपति रहल बा.
राजेन्द्र बाबू के छोड़के दोसर केहू दू हाली राष्ट्रपति नइखे चुनाईल.
This site has been tested for proper viewing with Internet Explorer6.0, Opera9.2, and Mozilla Firefox at 1280x1024 resolution.