बतकुच्चन – १६

by | Jun 24, 2011 | 0 comments

समय त हमेशा बदलत रहेला. ना बदलल त ऊ समय कइसे कहल जाई. बाकिर जब कवनो बदलाव अचके में भा तेजी से हो जाव त आदमी इहे कहे लागेला कि समय बदल गइल बा. देखीं ना जिम्मेदार पद पर बइठल लोग अपना लाग-डाँट का चलते सामने वाला पर अछरंग लगा देत बा. अइसन अछरंग जवना के कवनो सुबूते अछइत नइखे. खाली अपना निजी भा राजनीतिक लाग-डाँट, माने कि दुश्मनी विरोध, का चलते अइसन अछरंग लगावल जा रहल बा. अब कवनो अछरिकट्टू अइसन काम करे त ओकरा के बकस दिहल जा सकेला. बाकिर पढ़ल-लिखल लोग जब अइसन करे लागे तब का कइल जाई? अतने कहि के नू आदमी अपना मन के तोष दे दी कि चलऽ समय बदल गइल बा. अछरंग माने कि लांछन. अछरिकट्टू बेपढ़ल आदमी के कहल जाला आ तोष संतोष के छोट रुप कहल जा सकेला. अछइत मौजूदगी के. हँ त बात होत रहे अछरंग लगावे के. मंत्री लोग भठियरपन के विरोध करे वाला आ एगो तगड़ा लोकपाल के माँग करे वालन पर बिना देखले-सुनले संघ से जुड़ल होखे के अछरंग लगा देत बा त कांग्रेस के विरोधी लोग कह देत बा कि सरकार बेइमान, बेलज्जत, बेसम्हार हो गइल बिया आ ओह लोग का नजर में हर ऊ आदमी जे ओह लोग पर संघ से जुड़ला के अछरंग लगा रहल बा खुदे भठियारा ह. भठियारा त असल में ओह आदमी के कहल जाला जे शराब के भट्ठी चलावेला बाकिर शराब से जुड़ल काम अतना भठावल काम मानल जाले, गइल गुजरल काम मानल जाले कि कवनो तरह के गइल गुजरल काम करे वाला के भठियारा कह दिहल जाला. एह तरह से देखीं त भठियारा एगो गाली जइसन शब्द बन गइल बा, जइसे कि कांग्रेसी नेता आ सेकूलर जमात संघ शब्द के एगो गाली का तरह इस्तेमाल करेला. बाकिर हम त रउरा सभ से इहे कहब कि हर शब्द वाण का तरह होला. मुँह से निकल गइल त वापिस तरकस में ना लवटि सके. एहसे धेयान राखीं कि कवनो शब्द मुँह से निकले त पूरा सोचला-समझला का बाद. आजु अतने.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up