अँगरेला हाथ गोड़ अँतरा दलकि जाला

by | Jan 10, 2013 | 2 comments

kavi-sammelan-patiअपना समय समाज आ संदर्भ से जुड़ल साहित्य में परंपरा आ आधुनिकता के द्वन्द चलत रहेला. एही साँच के आँच आ अनुभूति करावत एगो कविता गोष्ठी पिछला दिने बलिया के श्रीराम विहार कॉलोनी में पाती कार्यालय पर भइल. एह गोष्ठी के आयोजन विश्व भोजपुरी सम्मेलन बलिया कइसल. बानी बुद्धि विद्या आ शक्ति के देवी स्तुति का बाद कन्हैया पांडेय आजुकाल्ह के नेता लोगन के आचरण बेवहार पर सवाल उठावत मौजूदा समय के रेघरियवलन.

चली राह जे उल्टा अपने
दोसरा के समुझाई का?
नाई डुबाई बीच भँवर में
मंजिल तक पहुँचाई का?

एकरा बाद शशि प्रेमदेवजी गजल सुनवलन.

देखि के किरदार में रावन के अपना राम के
रो रहल बा लक्छुमन सिर धुनत बाड़ी जानकी

एकरा बाद एक पखवारा से देह छेदत हडडी गलावत ठढा आ घहरावत शीत प्रकोप के जियतार चित्रण कइलन डा॰ अशोक द्विवेदी अपना सवैया में

अँगरेला हाथ गोड़ अँतरा दलकि जाला सर सर चले हिमवान बान बहरी.
पुअरो दुलम जहाँ उखिया के पतई के पतरे बिछवना पर देहिया के ठठरी.
दिनवा के खटनी में जाड़ कटि जाला भलु रतिया कमरियो के बेधे शीतलहरी.
इहाँ उहाँ धवरे के नाला कुआँ पँवरे के, आड़ छाँह मिलले पर मन उहाँ ठहरी.

फेरू अइलन विष्णुदेव तिवारी जे काश्मीर के मौजूदा हालात पर व्यग करत सुनवलन कि
कश्मीर भारत के स्वीट्जरलैण्ड ह,
पहिले ओहिजा आधा साल बरफ गिरे
आ आधा साल फूल.
अब त पूरा साल धुआँ आ धूर उड़ेला.

हीरालाल हीरा पूस के ठिठुरावत रात के बयान अपना कविता में कइलन,
पूस के जाड़ कँपावे ला हाड़
कि रात पहाड़ ना काटे कटाले.

शंभुनाथ उपाध्याय, शिवजी पाण्डेय रसराज के गीतन के करुण रस एगो अलगे समाँ बन्हलसि, त विजय मिश्र, राजगुप्त, रमेश चन्द्र वगैरह लोग सुनेवालन के भरपूर रसे रसावत समय संदर्भ के उजागर कइल लोग.

गोष्ठी के संचालन के के सिन्हा, अध्यक्षता शंभुनाथ उपाध्याय, आ धन्यवाद प्रकाशन डा॰ श्रीराम सिंह कइलन.

Loading

2 Comments

  1. omprakash amritanshu

    निस्वार्थ भाव से भरल इ गोष्ठी में खाली भोजपुरी प्रेम के रस टपकत बा . बहुत नीमन लागल . सब आगंतुक लोगन के हमार सादर प्रणाम बा .

  2. प्रभाकर पाण्डेय

    अच्छा बा…ए तरे के आयोजन होत रहे के चाहीं….सभी कविगण के प्रणाम अउर साथे-साथे अँजोरिया के संपादकजी के भी…काहें की उहें की भइले ए रचचन के सुने के मिलल…

    चली राह जे उल्टा अपने
    दोसरा के समुझाई का?
    नाई डुबाई बीच भँवर में
    मंजिल तक पहुँचाई का?…………का बात बा…सदा सत्य।। सादर।।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up