बतकुच्चन – ३२

by | Nov 7, 2011


एने कई दिन से अपना बिधुनाइल मन का चलते कुछ लिख ना पवले रहीं बाकिर काल्हु जब एक आदमी के धुनाइल देखनी त बतबनवा मन में बतकूच्चन होखे लागल. याद आवे लागल कुछ भोजपुरी कहाउत. बाते से आदमी पान खाला आ बाते से लात. एगो दोसर कहाउत ह बड़ जीव बतियवले, छोट जीव लतियवले. अब रउरा ई मत कहीं कि हम कहाउत के कुछ शब्द बदल काहें दिहनी ? बाति बेवहार में हमेशा साहित्यिक भा व्याकरण का हिसाब से सही होखल जरूरी ना होखे. एगो अंगेरजी ईडियम ह “पालिटिकली करेक्ट”. त बोले लिखे में हमेशा एह बाति के सावधानी राखे के चाहीं कि आदमी पॉलिटिकली करेक्ट रहे. पता ना कब कवना बाति पर कवन अक्खड़ राउर कपार फोड़े में लाग जाई.

खैर, बात बिधुनाइल आ धुनाइल से शुरु भइल त धुनिया आ बिधना तक जाये में कवनो हरज नइखे. धुनिया के काम होला रूई धुने के. अइसन धुन देवे के कि ओकर रेशा रेशा अलगा हो जाव. ओह धुनाइल रूई से बन तोसक तकिया रजाई के आनन्द बेधुनाइल रूई वाला से बढ़िया लागेला. अब बेधुनाइल आ बिधुनाइल सुने में भलही एक जइसन लाग जाव दुनु में धरती आकाश के अन्तर बा. बेधुनाइल मतलब जवना के धुनल ना गइल होखे आ बिधुनाइल ऊ जवन बिना धुनइले धुना गइल होखे ! बिधुनाइल मतलब जवन चिथड़ा चिथड़ा टुकड़ा टुकड़ा हो गइल होखे, बाकिर केहू दोसरा का चलते ना, अपने से. भा समय का फेर में. एह बिधुनाइल के बिधना से कवनो संबंध नइखे काहे कि बिधना त बिध लिखेला. बिध माने नियम कायदा. शुद्ध संस्कृत शब्द विधि के बिगड़ल रूप भा भोजपुरी रूप. अब बिधना केहू के बिधुनाइल किस्मत त देला ना, लोग अपने करम से भा सोचला का तरीका से बिधुनाइल हो जाव त अलगा बाति बा. ठीक ओही तरह जइसे संप्रग सरकार अपने से बिधुनाइल हो गइल बिया जबकि सगरी बिध बिधान लिखे के जिम्मेदारी ओकरे पर बा. कुछ लोग ओकरा बिध बिधान से बिखियाइल हो सकेला आ बिखियाइल लोग अमृत त बरसाई ना. देश धरम भाषा प्रान्त विचार के ले के कुछ अक्खड़ लोग हमेशा बिखियाइल रहेला ओहू लोग के ध्यान में राखे के चाहीं. बिखियाइल आदमी के समुझावल तबले संभव ना हो पावे जब ले ऊ शान्त चित्त ना हो जाव. दोसरे कवनो अइसन बाति कबो ना कहे के चाहीं जवना से समाज के बड़का हिस्सा असहमत होखे. असहमत होखे पर सहमत होखल हमेशा भा हरेक से संभव ना हो पावे. आ शायद एहीसे इहो बाति निकलल कि, गठरिया तोर कि मोर ? आगे के रउरा जानते बानी.

Loading

0 Comments

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up