बतकुच्चन – ४०

by | Dec 28, 2011 | 1 comment


जेकरा खातिर चोरी कइनी उहे कहलसि चोर. पता ना सबले पहिले ई बाति के कहले रहुवे बाकिर आदिकवि वाल्मिकी का बारे में कहल जाला कि ऊ पहिले डकैत रहलन आ लूट मार क के परिवार चलावत रहले. बाद में जब पता चलल कि उनुकर परिवार उनुका पाप के भागीदार बने के तइयार नइखे त ऊ सबकुछ छोड़ राम राम जपे लगले. अब आजु एह कहानी का पाछा त ना जाएब कि झूठ ह कि साँच. काहे कि इहो कहल जाला कि क्रोंच वध का बाद उनुका में कवि जनमल रहे. आजु त चोर के बात करे के बा. कारण कि कुछ दिन पहिले दाँत में बहुते दरद भइल त बुझाइल कि चोरदाँत के दरद जइसन. बाकिर चोरदँता, जवना के अंगरेजी में विजडम टीथ कहल जाला, निकले के उमिर त कहिये पार क गइनी से ऊ चोरदँता ना रहल दाँत के सड़ल रहल. दाँत त निकल गइल बाकिर चोर शब्द मन में घुरियाये लागल. चोर आदमियो के कहल जाला आ मन में लुकाइल कवनो डरो के, अनेसो के. कहल जाला कि मन में चोर बइठल बा. चोरकट ऊ जे दोसरा के सामान छीन चोरा के भाग जाव. चोरिका ऊ धन जवन मेहरारू लोग घर परिवार से लुका छिपा के बचवले रहेला. चोरा चोरी माने लुका छिपी बा दुनिया से लुका छिपा के. इयरवा से लागल बाटे इयरिया पियवा से चोरिया चोरिया ना. बाकिर चोरिका खाली मेहरारूवे ना राखऽ सँ, हमनी के नेता लोग, आफिस के अधिकारी लोग, बड़का व्यवसायी लोग, माने कि सभ तरह के लोग आपन चोरिका राखे लागल बा देश के आयकर विभाग से लुका के. जबकि आयकर से मिले वाला धन से सरकार बहुते कुछ काम करेले जवना से लोग के सुरक्षा आ सुविधा मिलल करेला. बाकिर नेता लोग के चोरिका से जनता बेसी उबियाइल बिया. काहे कि ऊ सभ अइसन चोर हवें जवन सेन्हे पर बिरहा गावेलें. बरियार चोर सेन्हे पर बिरहा गावे. जाग जा लोग, देख ल लोग बाकिर कुछ कर ना पइबऽ लोग ! कहे के मतलब कि चोरी आ सीनाजोरी दुनु करे में माहिर हो गइल बा हमनी के नेता लोग. केहू एक बेटा के बढ़ावे खातिर अपना दोसरा बेटा भा बेटी दामाद के रुपिया से लाद देता कि तूं चुप रहऽ फलनवे के सत्ता सुख लूटे दऽ तूं तले देश के लूट के धन पचावऽ. बाति बहक गइल एकरा खातिर माफी माँगत आजु एहिजे रोकत बानी. काहे कि आजु बड़का दिन हऽ आ आजु बड़ बड़ बाति होखे के चाहीं बड़बड़ ना. हालांकि बतकुच्चन आ बड़बड़ बहुते लोग के एके जइसन लागेला. बाकिर बतबनवा के एह सभसे का ? ऊ त अपने रौ में बहत जाई. तबले नया साल के बधाई दिहले जात बानी काहे कि अगिला बेर भेंट होखी त नयका साल शुरू हो गइल रही.

Loading

1 Comment

Leave a Reply to चंदन कुमार मिश्र

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up