बलिया में काव्य-गोष्ठी

by | Oct 29, 2012 | 0 comments

(फोटो में बाँए से शंभूनाथ उपाध्याय, डा॰ श्रीराम सिंह, शशि प्रेमदेव, डा॰ अशोक द्विवेदी, डा॰ भगवती प्रसाद द्विवेदी, शिवजी पाण्डेय रसराज, कन्हैया पाण्डेय, रमेशचन्द्र श्रीवास्तव, डा॰ शत्रुघ्न पाण्डेय, रामेश्वर सिंह, त्रिभुवन प्रसाद सिंह प्रीतम, हीरा लाल हीरा, मुनेश्वर सिंह भू॰पू॰प्राचार्य)

कातिक महीना आ शरद पूर्णिमा के अगवानी में विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई के, बेदुआ मुहल्ला के अमरनाथ सिंह एडवोकेट का मकान पर आयोजित, काव्य गोष्ठी में भोजपुरी के उत्कृष्ट सिरजनशीलता के झलक देखे के मिलल. शिवजी पाण्डेय ‘रसराज’ के सरस्वती वंदना का बाद उनहीं के गीत ‘आगि अउर पानी में / सुधि के निसानी में / ढूंढे मन जिनिगी के कविता कहानी में/’ से शुरुआत भइल त फेर एक से एक ‘फ्री वर्स’, गजल आ गीतन से माहौल कबो गम्हीर, कबो करुण होत चलि गइल.

समय-संदर्भ आ सामाजिक परिवेश में कवि के चिन्ता आ बेचैनी सिरजन के प्रेरक होले त कवि के निरपेक्ष दृष्टि ओके ‘लोकहित’ आ ‘लोकचिन्ता’ से जोरेले. एही के उजागर करत डा॰ अशोक द्विवेदी आ डा॰ भगवती प्रसाद द्विवेदी के कुछ कविता लोगन के बरबसे बाह बाह करे पे पजबूर कइलस.

जियल कठिन चिरई चुरुंग के / गरहन लागल डाढ़ि पात पर !
तुहीं बतावऽ जागीं कबले, केकरा खातिर, रात रात भर !

केकरा खातिर जगल कबीरा / केकरा धुन में जोगिन मीरा
केकरा मंगल खातिर तुलसी, “मानस” रचलें सहि सहि पीरा
जोति जरवलें भीतर बाहर / अपना कवना हीत नात पर ?
तुहीं बतावऽ जागीं कबले, केकरा खातिर, रात रात भर !

एही क्रम में भगवती प्रसाद जी के गजल के कुछ शेर बेहद ‘अपील’ कइलस –

चाह बहुत बा राहे नइखे / कतनो पँवरीं, थाहे नइखे.
कुम्हिलाइल सिरिजन के बिरवा, लहलह पतई काँहे नइखे.

डा॰ शत्रुघ्न पाण्डेय राष्ट्रमाता के प्रतीक बना के ओकरा ओह दारुन वेदना के चित्रित करुवन, जवना में ओकरे जामल लड़िका ओके आजु नोचत खसोटत बाड़न स – “ए बाबू, कतना करबऽ हमार फजिहतिया”. बदलत समय में गाँव आ ओकर समूचा परिवेश बदल रहल बा आ ई बदलाव सबसे पहिल सांस्कृतिक चेतना आ मूल्यन के खा रहल बा. एही के उजागर करत हीरालाल ‘हीरा’ के गीत बहुत सराहल गइल

अब मुँड़ेर ना कागा उचरे, ना देला संदेश
गौरइया अँगना ना फुदुके, बदलि गइल परिवेश.

कन्हैया पाण्डेय श्रमजीवी वर्ग के ओह जागरण के उजागर करुवन जवन शोषक वर्ग के खुला चुनौती देत बा ‍-

ना भईया ! अब ई ना होई !
गटकऽ ले के हक हमार तूँ
हम छछनी छीछियाईं
तूँ सूतऽ गद्दा मसनद पर
हम भुइंयाँ लोटियाईं !
ना भईया ! अब ई ना होई !

शशि प्रेमदेव, रामेश्वर सिंह, त्रिभुवन प्रसाद सिंह प्रीतम, रमेशचन्द आदि कवियन के गीत, गजल आ फ्री वर्स सुनि के श्रोता लोग भाव विभोर हो गइल.

काव्य गोष्ठी के संचालन डा॰ शत्रुघ्न पाण्डेय आ अध्यक्षता शंभुनाथ उपाध्याय कइलन. एह सार्थक कवि गोष्ठी का बाद अंत में डा॰ श्रीराम सिंह आइल कवि आ प्रबुद्ध लोग के धन्यवाद दिहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up