भोजपुरी पंचायत के बढ़त दायरा

by | Sep 2, 2013 | 2 comments

BhojPancha-sept13coverभोजपुरी पंचायत पत्रिका के सितम्बर अंक के ईबुक सोझा बा. अबकी के अंक मे बहुते कुछ मिलल पढ़े के. जइसे कि ओमप्रकाश अमृतांशु के लिखल मैथिली भोजपुरी अकादमी के कवि सम्मेलन के रपट भोजपुरी में, प्रभाकर पाण्डेय के लिखल भोजपुरी व्यंग लेख नेता काका, पत्रिका के एक साल पूरा भइला पर दिल्ली में भइल आयोजन के भोजपुरी रपट ओमप्रकाश अमृतांशु का कलम से, दिवाकर मणि के लिखल भोजपुरी व्यंग रचना, बतकुच्चन के एगो कड़ी, मारीशस के कवि डा॰ हेमराज सुन्दर के कुछ कविता, केशव मोहन पाण्डेय के हालही मं प्रकाशित कहानी संग्रह कठकरेज से एगो भोजपुरी कहानी “लिट्टी”, आ भोजपुरी गीतकार बिपिन बहार के लिखल भोजपुरी लेख “उचकल मन”. एकरा साथही भोजपुरी सरोकारन से जुड़ल कई गो लेख आ रपट बाड़ी स एह अंक में, जइसे कि दिल्ली विधानसभा चुनाव में पूर्वांचली वोटन के महत्व पर एगो लेख, भोजपुरी पंचायत पत्रिका में नियमित रुप से लिखेवाला कलम के सिपाहियन के बारे में जानकारी, भोजपुरी लोकगीतन पर संतोष कुमार के लिखल शोध लेख, मारीशस के गिरमिटिया इतिहास का बारे में जानकारी देत मारीशस के साहित्यकार डा॰ सरिता बुधू के लेख, मारीशस के भोजपुरी संस्कृति पर लिखल आगरा भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अशोक चौबे के लेख वगैरह बाड़ी सँ. कुल मिला के हमरा एह बात के खुशी बा कि शायद पहिला बेर एह पत्रिका में भोजपुरी में भा भोजपुरी सरोकारन से जुड़ल एतना रचना पढ़े के मिलल बा. अगर रउरा अबहीं ले भोजपुरी पंचायत के सितंबर अंक डाउनलोड नइखीं कइले त आजु जरूर करीं. पढ़ के मन खुश हो जाई आ रउरा एह अंक के सम्हार के राख लेब आगे खातिर.

एह अंक खातिर पत्रिका संपादक कुलदीप कुमार आ पत्रिका से जुड़ल हर आदमी के लाख लाख धन्यवाद देत बानी.

Loading

2 Comments

  1. niteshkumar

    bhojpuri panchayat nam t bada sundar ba bakir nam ke anurup ekar kamo sundar hoit t bhojpuri panchayat aa samaj khatir achha hoit.nam ha bhojpuri panchayt aa kam ba hindi panchayt ii t bhogvadi mansikata ke pahichan ba.bhojpuri panchayt bhojpuri bhasa me chhapi tbe i bhojpuri kahai.bhojpuri ke nam par mal katla se bhojpuri samaj ke garima par aanch aayi.

  2. जयशंकर प्रसाद दिवेदी

    भोजपुरी के विकास यात्रा नीमन होके के चाही , एकरा बदे जवन भी प्रयास होखेला ओकर दिल से सराहना कईल जाव ।

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up