pub-4188398704664586

किताबि आ पत्रिका के परिचय – 5

by | Oct 1, 2016 | 0 comments

 

ret-ke-safar“रेत के सफर” आसिफ रोहतासवी के एगो गजल संग्रह हटे, जवना के प्रकाशन सन् 2010 में वनांचल प्रकाशन, तेनुघाट साहित्य परिषद्, सिंचाई कॉलोनी, तेनुघाट (झारखंड) से भइल बा. एकर कीमत 125 रुपिया बाटे.

 

आसिफ रोहतासवी भोजपुरी गजल का क्षेत्र में एगो स्थापित नाम बा. इहाँके एह संग्रह के एगो काव्यांश देखल जाव. एह्में इहाँका अपना रचना प्रक्रिया पर भी टिप्पणी दे रहल बानी-

जीव छछनल बा, छटपटाइल बा,

अइसहीं का गजल कहाइल बा !

जी, बुताला पियास पानी ले,

पेट के आग कब बुताइल बा !

(“रेत के सफर” से)

 

– डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

ramraksha.mishra@yahoo.com

 

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586