pub-4188398704664586

भोजपुरी किताब छपवा चुकल लेखक प्रकाशकन से एगो निहोरा

by | Aug 2, 2013 | 0 comments

बहुत खुशी के बात बा कि रउरा आपन भोजपुरी किताब छपववले बानी. अपना ओह किताब के विज्ञापन रउरा अँजोरिया परिवार के नयका बेबसाइट प दीं. विज्ञापन शुल्क सिर्फ एकबार देबे के होखी आ ऊ विज्ञापन हर साल रउरा से पूछ के बिना कवनो शुल्क लिहले नवीकृत करत रहल जाई. बाद में जब अँजोरिया के पुस्तक क्लब में गाहक जुटे लगीहें त रउरो किताब के एगो बाजार मिले लागी आ भोजपुरी के बढ़ावा देबे में ई राउर बड़हन योगदान होखी.

अधिका जानकारी ला आजुए संपर्क करीं. साथ में अपना किताब के कवर के फोटो, किताब मिले के पता, ओकर दाम आ कतना प्रति अबहीं उपलब्ध बा एहू बात के जानकारी भेज देब त सहूलियत होखी. रउरा चाहब त अपना पहिले से प्रकाशित किताब के फेर से प्रकाशित करवा सकीलें.

भोजपुरी किताब के बढ़ावा देबे ला लेखक लेखिका, पाठक पाठिका, प्रकाशक, आ ग्राहक सभकर सहयोग होखल मिलल जरूरी बा.

रउरा सभे के,
ओम

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586